बाली, सूर्यकांत अउर विराज भट्ट के ‘मर्द तांगेवाला’

by | Sep 14, 2012 | 0 comments

जानल मानल भोजपुरी फिल्म निर्देशक बाली अबले जतना फिलिम दिहले बाड़न सगरी सुपर डुपर हिट रहल बाड़ी सँ आ एकनी के भोजपुरी सिनेमा में मील के पत्थर जइसन मानल जाला. ‘दरोगा बाबू आई लव यू’, ‘देहाती बाबू’, ‘कहां जईबा राजा नजरिया लड़ाईके’, ‘रंगीला बाबू’ आ ‘चाचा भतीजा’ जइसन हिट फिलिम दे चुकल बाली के नइकी फिलिम हवे ‘मर्द तांगेवाला’.
मर्द तांगेवाला में पहिला बेर संजय पाण्डेय आ बाली एक साथे :धूमधाम से भइल ‘मर्द तांगेवाला’ के मुहूर्त

पूर्वा प्रोडक्शन के भोजपुरी फिलिम ‘मर्द तांगेवाला’ के मुहूर्त पिछला दिने मुंबई के श्रीकृष्णा स्टूडियो में धूमधाम से करावल गइल. एकर निर्माता हउवें सूर्या आ निर्देशक बाड़े जानल मानल निर्देशक बाली, जे सिनेमा भोजपुरी के एक से बढ़के एक सुपर डुपर हिट फिलिम दिहले बाड़न. एह फिलिमन में ‘दरोगा बाबू आई लव यू’, ‘देहाती बाबू’, ‘धरती पुत्र’, ‘कहां जइबऽ राजा नजरिया लड़ाई के’, ‘चाचा भतीजा’, ‘घायल योद्धा’ अउर ‘मुन्नीबाई नौटंकीवाली’ जइसन सुपर डुपर हिट फिल्म शामिल बाड़ी सँ. हालांकि मर्द तांगेवाला फिल्म से लमहर अरसा बाद बाली बतौर निर्देशक वापस आइल बाड़न.

‘मर्द तांगेवाला’ के मुहूर्त का अवसर पर गायिका इन्दू सोनाली के आवाज़ में गीतकार संगीतकार श्याम देहाती गीत रिकार्ड करवले. एह मौका पर फिल्म के नायक विराज भट्ट आ सिनेमा भोजपुरी के नम्बर वन खलनायक संजय पांडे समेत फिल्म के पूरा टीम मौजूद रहल. निर्माता सूर्या पत्रकारन से बतियावत कहले कि ई फिल्म लीक से हटि के बनावल जात बा आ एकरा के सगरी परिवार एक साथ बइठ के देख सकेला.

निर्देशक बाली बतवले कि ई फिल्म लोग के हंसइबो करी आ अपना बेहतरीन कहानी का दम पर लोग के मनोरंजनो करी. साथही जबरदस्त एक्शनो रहे वाला बा. फिल्म के नायक विराज भट्ट के कहना रहे कि उनुकर भूमिका फिल्म मर्दे के भूमिका से बहुते अलग बा. संजय पाण्डे कहलन कि ढेर दिन से सोचत रहनी कि बाली का निर्देशन में काम करे के मौका मिलो से मिल गइल.

‘मर्द तांगेवाला’ के कहानीओ बाली के लिखल हवे आ पटकथा अउर संवाद मनोज पांडे के. कैमरामैन हउवन जहांगीर सैयद, कला निर्देशक अवधेश, मारधाड़ इकबाल भाई. मुख्य सितारा हउवें विराज भट्ट, काजल राघवानी, अंजना सिंह, दीपक भाटिया, विक्रम थापा, किट्टू, शमीम खान, अक्षता, गोपाल राय, प्रमोद गोस्वामी, अप्पू राजा, जयवीर, अरविन्द अउर खलनायक संजय पांडे.

ई फिलिम अगिला महीना सेट पर जाई.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)
(19 March)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up