बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पिछला दिने दिल्ली में आयोजित बिहार शताब्दी उत्सव में सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार अउर लोकप्रिय गायक मनोज तिवारी समेत 20 गो बिहारी विभूतियन के विशिष्ट बिहारी सम्मान से सम्मानित कंइलन. जवना लोगन के ई सम्मान दिहल गइल ऊ लोग रहे सेबी के अध्यक्ष यूके सिन्हा, स्टार इंडिया के सीइओ उदय शंकर, पावर ट्रेडिंग कॉरपोरेश्ज्ञन के टीएन ठाकुर, पूर्व विदेश सचिव श्याम शरण, भोजपुरी मेगा स्टार आ गायक मनोज तिवारी, फोर्टिस अस्पताल के हृदय रोग विशेषज्ञ डॉ. अशोक सेठ, वरिष्ठ पत्रकार प्रेम शंकर झा, इतिहासकार डीएन झा, द टाइम्स ऑफ इंडिया के राजनीतिक संपादक दिवाकर अस्थाना, गर्वनेंस नाउ के संपादक अजय सिंह, क्रिकेटर रहल सबा करीम, रंगकर्मी जयंज कस्तुआर, अधिवक्ता रंजीत कुमार, डॉ. जगदीश प्रसाद, डॉ. कामेश्वर प्रसाद, डॉ. रंजीत राय चौधरी, डॉ. एके सिंह, खिलाड़ी हरेन्द्र सिंह, कलाकार भारती दयाल अउर प्रो. सुबोध नारायण मालाकार.
कला संगीत का क्षेत्र में बड़हन योगदान करे खातिर मनोज तिवारी के सम्मानित कइल गइल.
(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)
0 Comments