मिलिंद गुणाजी कइलन फिल्म ‘‘काण्ड’’ के मुहूर्त

by | Mar 19, 2012 | 0 comments

देवदास, त्रिकाल जइसन सुपरहिट हिन्दी फिलिमन में दमदार भूमिका करे वाला मिलिंद गुणाजी पिछला दिने अंधेरी (प), लोखवाला स्थित टाईम अगेन होटल में फिल्म ‘काण्ड द स्केण्डल’ के महुर्त दिया जरा के कइले. एह मौका पर फिल्म जगत के जानल पहिचानल चेहरन में बुद्धराम सनोबत, संदीप पी. जागव, उपासना सिंह, अवतार गिल, हिमानी शिवपुरी, मुश्ताक खान, अनिल नागरथ, हरीश जयसवाल, हरीश गुप्ता, नूतन पंकज आ संजय भूषण पटियाला वगैरह लोग मोजूद रहुवे.

फिल्म के निर्देशक संजीव लोखन पटेल बतवलन कि ‘काण्ड द स्केडल’ एगो साँच घटना पर आधारित बावे. कहलन कि कहानी के खुलासा अबही नइखन कइल चाहत. कहलन कि प्रदर्शन के समय एह फिल्म से राजनीति जगत में हलचल मच जाई. ई एगो अइसन राजनेता के कहानी ह जे खुदही नियम बनावेला आ खुदही तूड़ेला. दोसरा के तूड़ला पर त ओकरा के सजा दिहल जाला बाकिर जे खुदे आपन नियम तूड़त होखे ओकरा के दण्ड के दी ??

“काण्ड” फिल्म के शूटिंग जल्दिये मध्य प्रदेश के जबलपुर में कइल जाई. एह फिल्म के अधिकतर कलाकार जबलेपुर के हउवें. मकसद बा स्थानीय कलाकारन के बढ़ावा देबे आ बेरोजगारन के सुधारत सही राह पर ले आवे के.

फिल्म के कहानी पी॰ चन्द्रकान्त के लिखल, पटकथा संवाद आ निर्देशन संजीव लोखन पटेल के, संगीत बी. एस. अखिलेश के, छायाकन हंसमुख राजपूत के, नृत्य अनीस खान के, आ मारधाड़ राजू दास के रही. मुख्य कलाकारन में मिलिंद गुणा जी, रीमा लागू, मोहन जोशी, हिमानी शिवपुरी, मुश्ताक खान, अवतार गिल, उपासना सिंह, किरन कुमार, देवराज, नितिन गोस्वामी, अमित चौधरी, रौशनी डी कुन्ना, ऐलीना सूद, प्राजकता, सांझ, योगेश मिश्रा वगैरह बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up