निर्देशक सनोज मिश्रा सड़क दुर्घटना में घवाहिल

by | Mar 26, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के जानल मानल निर्देशक सनोज मिश्रा आजु राजस्थान के जोधपुर हाईवे पर एगो सड़क दुर्घटना में घवाहिल हो गइले. मिलल जानकारी का मुताबिक सनोज मिश्रा एगो निजी वाहन से जोधपुर से जैसलमेर जात रहले जब रास्ता में एगो नीलगाय सड़क पर आ गइल. ओकरा से बचे का कोशिश में गाडी दुर्घटना ग्रस्त हो गइल.

सनोज मिश्रा के कपार आ कुल्हा में चोट आइल बा आ डाक्टर उनुका के आराम के सलाह दिहले बाड़े. निर्माता अंजनी कुमार उपाध्याय बतवले कि सनोज का कपार पर छह गो टाँका पड़ल बा आ कुल्हा में जबरदस्त चोट बा. कुछ दिन पहिलहु सनोज मिश्रा एगो दुर्घटना में लखनऊ मे घवाहिल भइल रहले जवना चलते तब रवि किशन अभिनीत बहुचर्चित फिल्म “प्रेम विद्रोही” के शूटिंग टार दिहल गइल रहुवे. अब ओह फिल्म के शूटिंग पहिला मई से लखनऊ में होखे वाला बा.

सनोज मिश्रा के जल्दी से स्वस्थ हो जाये के शुभकामना बा.


(उदय भगत के भेजल रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up