हैदर काजमी के शूटिंग घरी मधुमक्खियन के हमला से भगदड़ मचल

by | Mar 27, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के रंगबाज अभिनेता हैदर काजमी आ खूबसूरत बाला अक्षरा सिंह समेत फिल्म के पूरा यूनिट पर पिछला दिने इलाहाबाद में शूटिंग का दौरान मधुमक्खियन के हमला हो गइल. नमन इंटरप्राइजेज के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘बिगुल’ के शूटिंग कई दिन से इलाहाबाद में होखत रहुवे. शनिचर का दिने एगो मंदिर में शादी के सीन के शूटिंग होखत रहे. हीरोइन अक्षरा सिंह दुलहिन बनल रही आ हीरो हैदर काजमी दूलहा. दुपहरिया करीब एक बजे डायरेक्टर रविकांत शॉट ओके कइलन. कैमरामैन तेज लाइट जरा के यूनिट के इशारा कइलन तले ओह लाइट से भनभनाइल मधुमक्खी पूरा यूनिट पर हमला बोल दिहली सँ. अफरातफरी में लोग एने-ओने भाग पराइल. हैदर काजमी समेत मनोज, दीपक, जीतू आ दू गो अउरी लोग बगल के नदी में कूद गइल. मनोज दीपक आ जीतू के पँवड़े ना आवत रहे से ऊ लोग डूबे लागल बाकिर बगल में बालू निकालत नाविक दउड़त अइले आ ओह लोग के जान बचल.

शादी के ई सीन ओही मंदिर में फिल्मावल जात रहुवे जहाँ हिन्दी फिल्म ‘ओमकारा’ के शूटिंग भइल रहे.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up