महुआ टीवी पर नया सीरियल स से सरसती

by | Jun 5, 2011 | 0 comments

अपना कलाकार खोज अभियान में चुनल कलाकारन के लेके भोजपुरी टीवी चैनल एगो नया सीरियल “स से सरसती” के शुरुआत छह जून से करे जा रहल बा जवना के प्रसारण सोमार से शुक ले रोजाना रात साढ़े आठ बजे से कइल जाई. एह सीरियल के कहानी यूपी के एगो काल्पनिक गाँव बबुआपुर के रहे वाली एगो औरत सरसती पर बा जेकर मरद ओकरा के छोड़ के मुंबई चलि जात बा आ एने ऊ औरत गरीबी, दुर्भाग्य, आ करजा का बोझ से लदा जात बिया. एह मुसीबत से निपटे खातिर आखिरकार ऊ एगो फैसला लेत बिया जवन औरत के ताकत आ ओकरा जीत के प्रतीक बा.

“स से सरसती” के टाइटिल भुमिका निबहले बाड़ी पटना के अमर ज्योति. बाकी प्रमुख कलाकारन में दीपू सिंह, बेबी काजल, अविनाश दुबे, दर्पण श्रीवास्तव शामिल बाड़े. ई सगरी कलाकार महुआ के कलाकार खोज अभियान में से चुनल गइल बाड़े. एह लोग का अलावे नीलिमा सिंह, रिदिमा तिवारी, आ अक्षिता अरोड़ा के भूमिको जबरदस्त बा.

एह धारावाहिक के निर्माण ओसियन मल्टी विजन कइले बा आ निर्देंशन हवे तलत जानी के. महुआ टीवी के प्रोग्रामिंग हेड कमलेश कुंती सिंह आ वरिष्ठ कार्यकारी निर्मात्री विनिता उपाध्याय के कहना बा कि धारावाहिक दर्शकन के बहुते पसन्द आई आ एकरा में ओह लोग के आपन कहानी झलकी.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up