भोजपुरी हीरोइन तुलिप सिंह के पुलिस खोजत बिया

by | May 26, 2012 | 0 comments

ई खबर फिल्मी ना होके बिल्कुल असली ह. भोजपुरी सिनेमा में पिछला दिने बहुते धमाल का साथे आइल अभिनेत्री तुलिप सिंह, जिनकर असली नाम पूर्णिमा सिंह ह, के अहमदाबाद के पुलिस एगो ठगी का मामिला में खोजत बिया. पता लगावे पुलिस जब मुबई चहुँपल त ओकरा पता लागल कि मुंबईयो में तुलिप आपन कमाल कर देखवले बाड़ी. अनेसा बा कि नाहियो त दस करोड़ के ठगी कर के फरार हो गइल बाड़ी तुलिप सिंह.

तुलिप सिंह पर आरोप बा कि अपना साथी रमेश नैय्यर का साथे मिल के ऊ अहमदाबाद के ज्वेलर के के ज्वेलर्स किहाँ से करीबा अढ़ाई करोड़ के गहना ठग लिहले बाड़ी. पुलिस के अनेसा भइल कि हो सकेला कि ई गहना ऊ मुंबई लोखंडवाला के ज्वेलर संतोष ज्वेलर किहाँ बेच दिहले होखसु. बाकिर ओहिजा पता चलल कि उहो ज्वेलर तुलिप के ठगी के शिकार हो गइल बा. ओहिजा से ऊ चालीस लाख के गहना उधार ले गइली जवना के दाम आजु ले ना दिहली.

यूपी के रहे वाली पूर्णिमा सिंह अपना बच्चा के छोड़ के फिलिम मे कमाई करे मुंबई आ गइली आ ओकरा बाद फेरु कबो घर ओरि घूमिओ के ना तकली. पुलिस के सर्विलांसो से कवनो फायदा नइखे मिलत काहे कि तुलिप हर दस दिन पर आपन सिम कार्ड बदल लेत रहली. हालांकि साथी रमन नैय्यर के पुलिस पकड़ि लिहले बिया आ देर सबेर तुलिपो ओकरा फंदामें अइबे करीहें.


(समाचार मीडिया से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up