हाजीपुर में इंडस्ट्रियल पार्क क शिलान्यास कइलन मनोज तिवारी

by | Jun 8, 2012 | 0 comments


पिछला दिने भोजपुरी मेगा स्टार आ गायक मनोज तिवारी हाजीपुर में उद्यमी विहार के एगो कई तल्ला वाला इंडस्ट्रियल पार्क के शिलान्यास कइलन. हाजीपुर के कुआरी में हजारों लोग का मौजूदगी में मशहूर बिल्डर ‘वास्तु विहार’ के तर्ज पर ओकरे औद्योगिक इकाई ‘उद्यम विहार’ का तरफ से हाजीपुर के लोगन के ई नायाब तोहफा दिहल गइल.

एह मौका पर उद्यम विहार के सीएमडी विनय तिवारी कहलन कि एक साल में ई भवन बन जाई आ तब एहमें दू सौ लघु उद्यम लगावल जाई जवना के बुकिंग शुरु हो गइल बा. बिजली के चौबीस घंटा सप्लाई खातिर तीन मेगावाट के कैप्टीव पावर प्लांटो लगावल जाई. बाद में अइसने पार्क राज्य के बाकिओ शहर में बनावे के योजना बा.

शिलान्यास कइला क बाद मनोज तिवारी उमेद जतवलें कि आवे वाला दिन में बिहार क लोग पंजाब के टिकट कटावल भुला जाई. अइसनका योजना निश्चिते बिहार के बेरोजगारी खतम करे में सार्थक साबित होखी. समारोह में आइल भाजपा के प्रदेश महामंत्री मिथिलेश तिवारी कहलन कि उद्यम विहार के ई प्रयास अनूठा साबित होखी.

एह मौका पर मनोज तिवारी अपना गवनई से लोगन के जम के मनोरंजनो कइलें. उनुकर साथ देत रहली महुआ टीवी क लोकप्रिय गायिका सुरभि.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up