वैजयन्ती माला के किरदार में रवि किशन

by | Jul 7, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार महाअभिनेता रवि किशन लड़िकाईं में अपना गाँवे रामलीला में सीता मईया बनल करसु. अब बरीसन बाद फेर उनुका महिला किरदार करे के मौका मिलल कलर्स टीवी के शो “झलक दिखला जा” में.

रवि किशन के कहना बा कि “झलक दिखला जा” उनुका ला डांसिंग स्कूल बन गइल बा आ डांस के सही मतलब एहिजे आ के सीखले बाड़न. कहलन कि एह हफ्ता के थीम बहुते चुनौती वाला रहुवे काहे कि उनुका छोटका परदा पर वैजयन्ती माला के किरदार करे के रहल. बहते मेहनत आ कोरियोग्राफर कुंजन का मदद से रवि किशन एह काम के बखूबी अंजाम दिहलें. आ जवन गाना के थीम पर ऊ आपन डाँस दिखवलें ऊ गाना रहल ज्वेलथीफ फिल्म के “होठो पर ऐसी बात मैं दबा के चली आई”.

रवि किशन कहलें कि वैजयन्ती माला कमाल के डांसर रहनी आ उहाँ के ओह डांस से गाना में जान डाल दिहले रहीं, उनुकर देखादेखी कइल एगो सुखद एहसास दिहलसि.

रवि किशन के परफोर्म कइला पर जज करण जौहर, माधुरी दीक्षित आ रेमो डिसूजा सभे रविकिशन के तारीफ कइल.


(उदय भगत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up