पवन सिंह के लागल नथुनिया के धक्का आ कर्तव्य

by | Apr 11, 2011 | 0 comments

पवन सिंह के फिल्म “लागल नथुनिया के धक्का” आ कर्तव्य जल्दिये रिलीज होखे जा रहल बा. १५ अप्रेल के रिलीज हो रहल बा “कर्तव्य” जवना में पवन सिंह एगो ईमानदार पुलिस इंसपेक्टर के भूमिका कइले बाड़न. चन्द्रावती प्रोडक्शन्स का बैनर तले बनल एह फिल्म के निर्माता बृजेश जे सिंह हउववें आ निर्देशक जगदीश शर्मा. फिल्म के कलाकारन में पवन सिंह, मोनालिसा, विक्रांत सिंह, मेघना पटेल, बृजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, माया यादव, संजय, रितू पाण्डेय वगैरह के खास भूमिका बा. गीत बा श्याम देहाती के आ संगीत बावे मधुकर आनन्द के.

पवन सिंह के अगिला फिल्म “लागल नथुनिया के धक्का के रिलीजो जल्दी होखे के अनुमान बा. फिल्म के पूरा यूनिट एकर सफलता सोच के उत्साह में बा. एह फिल्म के निर्देशक सुनील सिंहा कई गो सफल फिल्म दे चुकल बाड़न एहसे सभे उमेद करत बा कि इहो फिल्म बेहद सफल होखी. एह फिल्म में एगो संदेश बा कि चकाचौंध का दुनिया में ना जा के सामने के दुनिया में विश्वास राखे के चाहीं. एह फिल्म में पवन सिंह, आरती पुरी, कृष्णा खंडेलवाल, अवधेश मिश्रा, आनन्द मोहन, विजय खरे वगैरह के खास भूमिका बा. गीत विनय बिहारी आ वीरेन्द्र के पाण्डैय के बा जबकि संगीत दिहले बाड़न मधुकर आनन्द. निर्माता चद्र बी वर्मा आ रोहन आर शाह, सहयोगी निर्माता राजेश कुमार हउवें. कैमरा में एह फिल्म के कैद कइले बाड़न रवि नंदन.


(स्रोत – रंजन सिन्हा आ प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up