समाज के लहकत समस्या पर बनल फिलिम लखैरा

by | Oct 14, 2012 | 0 comments

तीन गो लखैरा दोस्तन पर बनल फिलिम “लखैरा” जल्दिए रिलीज कइल जाई. गाँव के लोग एह लखैरन के तनिको पसंद ना करे बाकिर ई तीनो लखैरा गाँव के लोगन पर होखत अन्याय आ अत्याचार से लड़े के मौका देखत रहेलें. बाद में जब बदमाशन के अत से एकनी के गाँव छोड़े के पड़त बा त तीनो तय करत बाड़ें कि एक दिन लवटीहें जरूर आ गाँव के एह बदमाशन का चंगुल से छोड़ा के रहींहे. जब बाद में तीनो आपन मकसद पूरा करत बाड़ें त गाँव के लोगन के नजरिया बदल जात बा एकनी का बारे में.

सुकृत फिल्म्स आ जन एकता फिल्म्स के “लखैरा” के डबिंग के काम पिछला दिने अंधेरी के दीक्षा स्टूडियो में पूरा कर लिहल गइल. निर्माता कृष्णा यादव के एह फिल्म के निर्देशन संजय सिन्हा कइले बाड़न. सामाजिक सरोकारन पर बनल एह फिलिम के कहानी चुनमुन पंडित के लिखल ह, संगीत अभिजीट झा दिहले बाड़न. गीतकार हउवन मोहम्मद जहरुद्दीन बेग आ अरविंद तिवारी के, अउर मारधाड़ निर्दैशन सिंह इज किंग के ह. नृत्य निर्देशन केदार सुब्बा आ कैमरा संचालन सानू सिन्हा के ह.

मुख्य कलाकारन में मनोज दाव, कल्पना शाह, सुबोध सेठ, आलोक यादव, निरुपमा श्री, तेज, रीमा सिहं, मास्टर चंदन आ तबीस आ आइटम गर्ल सपना आ ईशा पटेल.


(समरजीत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up