सिनेमा भोजपुरी के सुपरस्टार्स दिनेशलाल यादव निरहुआ आ पवन सिंह के जोड़ी से सजल फिलिम ‘एक दुजे के लिए’ दशहरा के मौका पर रिलीज होखे जात बा. यशी फिल्मस प्रा०लि० आ कैपिटल फिल्मस् प्रा०लि० के बैनर में प्रसिद्ध निर्माता अभय सिन्हा आ टी.पी. अग्रवाल के बनावल एह फिलिम के निर्देशक हउवे अनिल अजिताभ.
दक्खिन भारत के अदाकारा मधु शर्मा, एहसान खान आ संगीता रमण के एहमें खास भूमिका बा. एकरा के भोजपुरी में बनल पहिलका लव स्टोरी फिल्म बतावल जात बा. हालांकि निरहुआ-पवन के शानदार टक्कर आ एक्शनो देखे मिली एहमें.
(प्रशांत निशांत)
0 Comments