भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन खलनायक संजय पांडे ‘बिहारी रिक्शावाला’, ‘मजनू मोटरवाला’ क बाद अब अगिला फिलिम ‘दिलदार सांवरिया’ साईन कइले बाड़न जवना के शूटिंग ला संजय पांडे आजुकाल्ह बलिया में बाड़ें. तन्वी मीडिया के बैनर में बनत एह फिलिम के मुहुर्त पिछला दिने बलिया के उचरांव गांव में पूर्व मंत्री राजधारी के हाथे भइल. एह समारोह में सैकड़ों लोग शामिल भइल.
मुहूर्त से पहिले संजय पांडे समेत पूरा यूनिट विधिवत पूजन कइलस तवना क बाद मुख्य अतिथि कैमरा से क्लिक कइलन. निर्माता दीपक शाह, सहनिर्मात्री किरण शाही, निर्देशक विशाल वर्मा, नायक यश कुमार मिश्र, नायिका अंजना सिंह, डांस डायरेक्टर निमेश भट्ट, छायाकार सी. जगन आ एक्शन मास्टर वेंकटेश समेत प्रसिद्ध नारायण मिश्र, रामरेखा यादव, शशिकांत त्रिपाठी, सीपी सिंह, बच्चा सिंह, उपेंद्र गुप्त, नवीन मिश्र, दिनेश सिंह वगैरह मौजूद रहलें.
(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)
0 Comments