मनोज तिवारी के फिल्म गोबर सिंह तइयार हो गइल

by | Nov 23, 2012 | 0 comments

मूवी एण्ड मोर आ परमहंस क्रियेशन के बैनर तले बनल निर्देशक बॉबी सिंह के अबले के सबले बड़हन फिलिम ‘गोबर सिंह’ बन के तइयार हो गइल बा. बतावल जात बा कि वइसे त ई फिलिम ढेर दिन से पड़ल रहुवे बाकि ढेरे परेशानी झेलत आखिरकार निर्देशक बॉंबी सिंह एह फिलिम के पूरा करिए लिहलन. अब एकरा के जल्दिए रिलीजो कइल जाई.

एह फिलिम में पहिला हाली राजनेता आ महाराष्ट्र के गृह मंत्री रहल कृपा शंकर सिंह अभिनय कइले बाड़न. एह में देखावल गइल बा कि लालच बहुते खराब होला आ दोसरा ला बिछावल जाल मे एक दिन जाल बिछावही वाला अपने फँस जाला. एह फिलिम में मनोज तिवारी के किरदार के नाम पर फिलिम के नाम धराइल बा “गोबर सिंह”. कवनो काम शुरू करे से पहिले गोबर से लीपल जगहा पर पूजा पाठ कइल जाला. फिलिम में मनोजो तिवारी अइसने आदमी बाड़न जिनका बिना गांव में कवनो काम ना हो पावे.

एह फिलिम के निर्माता मनोहर पी. कानूंगो, राजेश सिंह, लेखक निर्देशक टी. बॉबी सिंह, पटकथा-संवाद लेखक राकेश त्रिपाठी, गीतकार राजेश मिश्रा, आ श्याम देहाती, संगीतकार लाल सिंहा, छायांकन करे वाला अनिल दांडा, फाईटमास्टर छोटू मास्टर, एडीटर नकूल के. प्रसाद हउवें.

मुख्य कलाकारन में मनोज तिवारी, रिंकू घोष, पारूल यादव, जयश्री टी, नवल किशोर सिंह, सोनिया अरोरा, तसलीम शेख, विकास सिंह, मोना राय, राकेश त्रिपाठी, प्रभूनाथ सिंह, संतोष श्रीवास्तव आ कृपा शंकर सिंह के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up