फर्श से अर्श पर पहुंचले भोजवुड के नयका एंग्री यंगमैन राजेश राज

by | Dec 11, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी में फिलिम “लहू के दो रंग” के कामयाबी पूरा सुर्ख़ी में बा, हालांकि एह फिलिम के मुख्य जोड़ी खेसारीलाल यादव आ अंजना सिंह के बा बाकिर जेकर सबले बेसी चरचा होखत बा ऊ हउवन अभिनेता राजेश राज. अपना पहिलके फिलिम में राजेश राज जवन धमाकेदार परफोर्मेंस दिहले तवन सभकर दिल जीत लिहले बा. मजबूत कद-काठी आ कसरती बदन वाला राजेश राज जब परदा पर विलेन के धोवत नजर आवत बाड़े त ऊ कतहीं से झूठ नइखन लागत. छत्तीसगढ़ के एह छहफुटिया छोकरा के फर्श से अर्श ले चहुँपे के कहानीओ कवनो कम फिलिमी नइखे.

इलाहाबाद से ताल्लुक राखे वाला राजेश राज एक समय छत्तीसगढ़ के गलियन में तरकारी बेचत रहले. बाकि ख्वाहिश में दम होखे त ओकरा हकीकत बनत देर ना लागे. से रुपहले परदा पर लउके के तेज लालासा, मेहनत आ किस्मत के संजोग से राजेश राज के सपना साकार हो गइल. “लहू के दो रंग” से मिलल कामयाबी क बाद अब राजेश राज अपना ख्वाहिशन के अउर परवान चढ़ा सकेले. एह फिलिम में राजेश के एक्शन सीन्स एतना दमदार आ विश्वसनीय लागत बा कि उनुका के अबहिए से भोजपुरी के नयका एंग्रीयंग मैन कहल जाए लागल बा.

अभिनेता राजेश राज के मानना ह कि एक्टिंग सीखे सिखावे के बात ना ह. ई त एगो पैदाइशी कला ह जवन समय आ परिवेश का हिसाब से आगे बढेले. बकौल राजेश राज ऊ अपना किरदार के निभावस ना जिएले आ एही चलते उनुकर अभिनय लाउड ना लागे.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up