कड़ा संघर्ष जिए के हिम्मत दिहलसि – अशोक सिंहा

by | Feb 7, 2013 | 0 comments

ashok-sinhaगीतकार अशोक सिंहा आज सिनेमा भोजपुरी में हर जगह काम करत बाड़े त एकरा पाछा इनकर लगन, मेहनत, आ व्यवहारे बा. बतावेलें कि बहुते लड़ाई लड़ले. भूखे पियासे पैदल चल के लोग से काम माँगे जात रहसु. केहू काम दे देव त केहू मजाक उड़ा देव तबो चेहरा पर कवनो शिकन ना आवे देत रहलें. मन में बस एगो सपना रहल कि इनको के लोग बाग जाने पहिचाने. लोग जाने लागल इनका काम के, आ कामे का चलते लोग इनकर इज्जत करे लागल त बहुते खूश बाड़न अशोक सिन्हा. कहेलें कि बहुते खुशी के बात बा कि भोजपुरी भाषा, भोजपुरी समाज इनका ला मुंबई में जिए खाए के सहारा बन गइल. गर्व करेलें कि भोजपुरी हर दिन आगा बढ़त बिया. भोजपुरी अलबम से लाखों लोग के रोजी रोटी चलत बा.

बाकिर अशोक सिंहा अबहीं थिराइल नइखन. कहेलें कि अबहीं त पचासो सीढ़ी पार नइखन कइले जबकि टारगेट सौ गो सीढ़ी पार करे के बा. बस लोग के प्यार मिलत रहो हम त लागले बानी, कहेलें अशोक सिंहा जिनकर लिखल गीत फिलिम पंचायत गरदा, दुल्हिन हमार, सइया रंगदार, रंग द प्यार के रंग में, बलमा बिहार वाला, डर, मैदाने जंग वगैरह फिलिमन में आवत बा. कुछ अलबमो पर काम लागल बा आ जल्दिए सुने के मिली.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up