’धरती के लाल’ के शानदार म्यूजिकल लॉंचिग

by | Feb 25, 2013 | 0 comments

Pawan-Aksharaप्रसाद फिल्म इंटरप्राइजेस के बैनर तले बने जात ’धरती के लाल’ के शानदार म्यूजिकल लाँचिग पिछला दिने मुंबई के ट्रिनिटी साउण्ड स्टूडियो में पवन सिंह के गावल रोमांटिक गीत रिकार्ड कर के कइल गइल. संगीतकार राजेश गुप्ता विनय बिहारी के लिखल रोमांटिक गीत के पवन सिंह के आवाज़ में संगीतबद्ध कइलें. निर्माता हउवें उदय शंकर आ लेखक-निर्देशक कुमार विकल.

एह मौका पर निर्देशक कुमार विकल बतवले कि ’धरती के लाल’ आम भोजपुरी फिलिमन से बहुते अलग होखी. एहमें देखावल जाई कि भारत के सभ्यता संस्कृति से प्यार करे वाली एगो युवती थाईलैण्ड से हिन्दुस्तान घुमे आवत बिया त एहिजा कुछ अनेरियन का चंगुल में फस जात बिया. फेर फिलिम के नायक अपना जान पर खेल के ओकरा के सुरक्षित थाइलैण्ड वापस भेजत बा.

पेशा से डॉक्टर उदय शंकर एह फिलिम के निर्माता बाड़ें आ ई उनकर बनावल पहिला फिलिम होखी. बतवले कि फिलिम के थीम उनुका रुचल त एह पर फिलिम बनावे क फैसला कर लिहलन. एह फिलिम में भारतीय सभ्यता आ संस्कृति के एगो बढ़िया तस्वीर पेश करे के इरादा वा उनकर.

कलाकारन में पवन सिंह, अक्षरा सिंह आ सचित कुमार मुख्य भूमिका में बाड़ें, अउरी कलाकारन आ तकनीशियन के चुनल जात बा. शूटिंग मई महीना में बोध गया, नालंदा आ राजगीर में करावल जाई.


(समरजीत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up