पहिला बेर कवनो कामेडियन के दर्शक खलनायक का रूप में सकरले बाड़ें. भोजपुरी के चर्चित आ जबरदस्त स्टंट वाली फिलिम ‘वीर बलवान’ के बिहार में जबरदस्त सफलता मिलल बा आ एकरा में बताशा चाचा का नाम से मशहूर कामेडीयन मनोज टाईगर मुख्य खलनायक बनल बाड़ें. नायक पवन सिंह आ खलनायक मनोज टाईगर के जबरदस्त कमेट्री दर्शकन के खूबे भावत बा.
जाने जोग बा कि एहसे पहिले मनोज टाइगर के बतासा चाचा, पवन पुरवईया, केहू हमसे जीत न पाई, अउर वाह खिलाडी वाह वगैरह फिलिमन में बतौर नायको दर्शक पसंद कइले रहलें. मनोज टाइगर के आवे वाली फिलिमन में वर्दी वाला गुंडा, पंचायत, मजनू मोटरवाला, कसम वर्दी के, बबलू बन गईल हीरो, मेरे साजन तेरे कारन वगैरह बाड़ी सँ.
(अपना न्यूज)
0 Comments