प्यार का तरणताल में डूबल रविकिशन आ रिंकू घोष

by | May 6, 2011 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा ला गोरखपुर हमेशा से भाग्यशाली रहल बा. एहिजे फिल्मावल “ससुरा बड़ा पइसावाला” हालफिलहाल के सबले सफल फिल्मन में गिनल जाला. एहिजे फिल्मावल सुनील बुबना के फिल्म “कहाँ जइबा राजा नजरिया लड़ाई के” सुपर डुपर रहल रहे. आ अब एहिजे फिल्मावल जा रहल बा “केहू हमसे जीत ना पाई”.

डा॰वजाहत करीम आ डा॰ सुरहित करीम के निर्माण एह फिल्म के निर्देशक हउवें एम आई राज. पिछला दिने एह फिल्म के शूटिंग देखे खातिर फिल्म के प्रचारक शशिकांत सिंह आ रंजन सिन्हा का बोलावा पर पत्रकारन के टीम गोरखपुर चहुँपल त ओह लोग के होटल क्लार्क में ठहरावल गइल. शूटिंग रामगढ़ ताल पर होत रहुवे जहाँ पानी के फव्वारा का साथ एगो रोमांटिक सीन फिल्मावल जात रहुवे. जवन गाना पर शूटिंग होत रहुवे ओकर बोल रहे, जींस के उपर टाइट कुर्ती, टूटे ना बटनिया. एही गाना पर नृत्य निर्देशक रामदेवन का निर्देशन में रवि किशन आ रिंकू घोष एक दोसरा के प्यार का तरणताल में डूबल रहलें. सबेरे सात बजे से शुरु शूटिंग दुपहरिया एक बजे ले चलल. रवि किशन आ रिंकू घोष के उत्तेजक सीन के फिल्मावे में सबले बड़ दिक्कत रहले दर्शक. ओह लोग के भीड़ हटावल बहुते बड़ काम बनल रहे.

शूटिंग का बाद रविकिशन कहले कि शूटिंग करत घरी ऊ सीन मे पूरा तरह डूब जालें तबहिये सीन बन पावेला. आखिर दर्शकन के तीन घंटाले बान्ह बझा के राखे के होला. फिल्म का कहानी का बारे में निर्माता डा॰ करीम के कहना रहे कि देशभक्ति का थीम पर बनल एह फिल्म मे रविकिशन एगो फौजी कमांडर बनल बाड़े जे दुश्मन से लड़े खातिर गाँव के नौजवानन के फौज तइयार करत बाड़े. रिंकू घोष कर्नल के बेटी बाड़ी जे रविकिशन से प्यार करे लागत बाड़ी आ उहो उनुका फौज में शामिल हो जात बाड़ी.

केहू हमसे जीत ना पाई में रविकिशन आ रिंकू घोष का साथ सुशील सिंह, मनोज टाइगर, मोहित घई, हितेन्द्र पाण्डे, प्रतिभा पांडे, स्वाति वर्मा, कोमल ढिल्लन, श्रीकंकनी, अयाज खान, अरुण बख्शी, दीपा ग्रेवाल, प्रमिला, शाहबाज खान वगैरह लोग के खासमखास भूमिका बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up