पहिला बेर लागल कवनो भोजपुरी फिल्म खातिर तीन गो सेट

by | May 16, 2010 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा का इतिहास में पहिला बेर कवनो फिल्म खातिर एगो दू गो ना पूरा तीन गो सेट लगावल गइल आ ई फिल्म रहल निर्माता एन एन सिप्पी के बेटा प्रवेश सिप्पी के बनावल पहिलका भोजपुरी फिल्म मृत्युंजय जवना के निर्देशन जगदीश शर्मा कर रहल बाड़े. एह फिल्म में भोजपुरी के किंग अभिनेता दिनेशलाल यादव निरहुआ का साथ रिंकू घोष के मुख्य किरदार बाटे.

मृत्युंजय के पहिला सेट खड़ा कइल जा रहल बा कोलाबा का मुकेश मिल में. दुसरका फिल्मिस्तान स्टूडियो में जहवाँ एगो चर्चित अभिनेत्री पर आयटम गाना फिल्मावल जाई आ तीसरका चांदिवली स्टूडियो में जवना पर गाना आ कुछ जरुरी सीन फिल्मावल जाई. हिंदी के सरगम, कालीचरण, मेरी जंग, आ फकीरा जइसन फिल्म के निर्माण करे वाली प्रोडक्शन कंपनी एन एन सिप्पी प्रोडक्शन के प्रवेश सिप्पी आ निर्देशक जगदीश शर्मा का मुताबिक ई फिल्म के जरुरत रहुवे. फिल्म के बाकी शूटिंग गाँव देहात में करावल गइल बा. एह फिल्म में भोजपरिया सुपर स्टार निरहुआ के देहाती लुक आ उनकर एक्शन सबका के चउँका दीहि. कामेडी सीन में उनकर टाइमिंग लोग के हँसा दीहि. निर्देशक जगदीश शर्मा के दावा बा कि फिल्म के नायिका रिंकू घोष अपना भूमिका से बिदाई का बाद एक बेर फेर दर्शकन के दिल जीत लीहें.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा )

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up