निरहुआ इंटरटेनमेंट के औलाद

by | May 22, 2011 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के बदनाम कइल जाला दुअर्थी डायलाग आ फूहड़पन खातिर. अलग बाति बा कि ओहसे बेसी फूहड़पन हिन्दी सिनेमा में देखे के मिल जाई. अब भोजपुरी सिनेमा का बारे में फइलावल झूठ के तूड़े खातिर आ समाज के संभ्रांत वर्ग तक भोजपुरी सिनेमा के चहुँपावे खातिर निरहुआ इंटरटेनमेंट एगो संपूर्ण पारिवारिक फिल्म “औलाद” ले के आ रहल बा. भोजपुरी सिनेमा के पचासवाँ साल में दर्शकन खातिर ई एगो तोहफा से कम नइखे जवना में दर्शक आम घर परिवार के कहानी देख पइहे. हर वर्ग के दर्शकन खातिर एह फिल्म में भरपूर मनोरंजन मिले वाला बा. मधुर गीत संगीत, शानदार एक्शन दमदार कहानी, आ बेहतरीन अदाकारी के संगम बावे एह फिल्म में जवना के निर्देशन असलम शेख कइले बाड़े.

“औलाद” के कलाकारन में दिनेश लाल यादव निरहुआ, प्रवेश लाल यादव. पाखी हेगडे, शुभी शर्मा, अवधेश मिश्रा, मनोज टाईगर, गोपाल राय, संजय पाण्डेय, एयाज खान, संतोष श्रीवास्तव, अनिल यादव, तेज सिंह, हीरा यादव, ए के राज, पूनम पाण्डेय, आ किरण यादव के नाम शामिल बा. कहानी के के सिंह के लिखल, गीत प्यारेलाल यादव कवि जी आ श्याम देहाती के, संगीत राजेश रजनीश के, छायांकन अकरम खान के आ संपादन जितेन्द्र सिंह जीतू के बा.

फिल्म के शूटिंग आजमगढ़ के मनोरम लोकेशन पर भइल बा आ अब पोस्ट प्रोडक्शन के काम चल रहल बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up