बड़की मलिकाईन का कहानी में ट्विस्ट

by | May 27, 2010 | 0 comments

भोजपुरी के लोकप्रिय टीवी चैनल महुआ पर देखावल जा रहल डेली सोप बड़की मलकाईन में एगो नया ट्विस्ट आवे वाला बा. बड़की मलकाईन बनल प्रेमा के जिनिगि फेर से रंगीन बने जा रहल बा. उनका माँग में सिन्दूर आ माथ पर सुहाग के टीका फेर टँगाये वाला बा.
Badki Malikayan on Mahuaa TV
बड़की मलकाईन का पड़ोस में उनका ससुर के एगो पुरान मीत के परिवार गाँव में वापिस लवटि रहल बा. ओहि परिवार के एगो लड़िका बा मयंक जे शहर से एमबीए कर के गाँव के विकास के सपना ले के आइल बा. दुनु परिवार के दोस्ती आगा बढ़त बा आ बड़की मलकाईन के ससुर रामजनक चौधरी एह दोस्ती के रिश्तेदारी में बदल दिहल चाहत बाड़न. ऊ चाहत बाड़े कि उनकर विधवा पतोह के शादी मयंक से हो जाव.

एह सब से अनजान मयंक आ प्रेमा के मुलाकातो प्यार भरल होत बा आ दुनु मने मने एक दोसरा के चाहे लागत बाड़े. अब सब कुछ सीधा राह धरत लउकत बा बाकिर गाँववाले एह शादी का खिलाफ खड़ा हो जात बाड़े. कुल परिवार के परम्परा का नाम पर एह विधवा विवाह के भरपूर विरोध होत बा. त का रामजनक अपना पतोह के शादी मयंक से करवा पइहें? जाने देखे खातिर देखल करीं बड़की मलकाईन. सोमार से बियफे ले रोज रात नौ बजे से एह शो के प्रसारण महुआ पर कइल जाला.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up