राजीव दिनकर – नया भोजपुरिया स्टार बन के उगलें

by | Jun 3, 2010 | 0 comments

वइसे त भोजपुरी सिनेमा में गायक से नायक बने वालने के बोलबाला बा आ बहुत कमे स्टार अइसन बाड़े जे अपना अभिनय का बल पर बॉक्स ऑफिस पर आपन धाक जमवले बाड़े. अइसने स्टारन में अब एगो नया नाम जुड़ गइल बा राजीव दिनकर के.

Rajiv Singh Dinkar in Laat Sahab

राजीव के पहिलका फिल्म लाट साहब पिछला दिने बिहार में रिलीज़ भइल. बड़हन बड़हन सितारन के फिल्म आ ऋतिक रोशन के काइट्स का चलते लाट साहब तीने गो प्रिंट से रिलीज़ कइल गइल. बाकिर दोसरका सप्ताह में एह फिल्म के आठ आ तीसरा सप्ताह में दस गो अतिरिक्त थियेटरन में रिलीज़ कइल गइल. एक ओर जहाँ ऋतिक के काइट्स बिहार में बॉक्स ऑफिस पर ओंधे मूह गिरल ओहिजे लाट साहब धीरे धीरे सफलता के राह पर बढ़ चलल बा. कवनो कवनो थियेटर में त एह फिल्म के कलेक्शन बड़का फिल्मनों से बेसी भइल बा.

कोरियोग्राफर से अभिनेता बनल राजीव इकलौते अइसनकस स्टार बाड़े जिनकर तीन गो फिल्म का साथ एंट्री हो रहल बा. राजीव दिनकर, रविकिशन, आ जैकी श्रोफ अभिनीत बलिदान 18 जून के आ कबहू छुटे ना इ साथ अगिला महीना रिलीज़ होखे जा रहल बा. राजीव दिनकर के अभिनय क्षमता उनका ले भोजपुरी के नयका स्टार का रूप में स्थापित कर दिहले बा.


(स्रोत : उदय भगत )

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up