भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह जोगी बन गइले

by | Jun 4, 2010 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार अब जोगी का वेष में नजर आवे वाला बाड़े. पिछला दिने रिलीझ भइल संदीप श्रीवास्तव के फिल्म सईंया के साथ मड़ईया में के अपार सफलता से गदगद पवन सिंह कहलें कि ऊ अपना नयका फिल्म गंगा पुत्र खातिर बहुत उत्साहित बाड़े. एह फिल्म में ऊ अइसन जोगी का भूमिका में बाड़े जे दिन का उजाला में त जोगी बनल रहेला बाकिर रात में कुछ अउर बन जाला. विनय बिहारी के लिखल कहानी आ गीत से सजल गंगा पुत्र का बारे में पवन सिंह के कहनाम बा कि उनका उम्मीदे ना भरपूर विश्वास बा कि भोजपुरी सिनेमा के इतिहास में ई फिल्म मील के पत्थर साबित होखी.

Pawan Singh

फिल्म के कहानी का बारे में बतावत पवन सिंह कहलें कि नायक के पिता के हत्या कर दिहल जाता, महतारी पर अत्याचार कइल जाता आ तब जोगी बनल नायक आपन जवन करिश्मा देखावत बा उहे एह फिल्म के खासियत बा. फिल्म के नायिका मोनालिसा बाड़ी. पवन सिंह आ मोनालिसा के जोड़ी आजुकाल्ह भोजपुरी सिनेमा में राज करत बा. लोक गायक से नायक बनल पवन सिंह का आवाज में सुर के जादू बा त उनका अभिनय में माटी के खुसबू बा. पवन सिंह के डायलाग डेलिवरी लाजवाब होला आ ओहपर से जबरदस्त एक्शन करे के उनकर जज्बा उनका के भोजपुरी के दोसरा स्टारन से अलगा कर देला,


(स्रोत : मो॰खालिद )

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up