जिए के बा त मुए के सीखऽ

by | Oct 1, 2023


एह सीख के शेयर ट्रेडिंग में लगावल जाय तो बहुते कामे आई. अगर शेयर बाजार से मुनाफा कमाए के बा त सबसे अधिका जरुरी बा कि हमनी का सबसे पहिले घाटा उठावल सीखे के होखी. काहेंकि ट्रेडिग के सबले बड़का समस्या इहे हवे कि हमनी के घाटा उठावे ना आवे. सबका “share trading tip of the lifetime” चाहीं बाकिर आँखि का सोझा राखल “share trading tip of the lifetime” नजर ना आई. हमरा समुझि से एह ले बड़का टिप होईए ना सके. जबले घाटा उठावल ना सीखब तबले मुनाफा के सोचलो बेजाँय होखी.

अगर शेयर ट्रेडरन के सबले बड़हन कमजोरी गिनाई त ई कमजोरी माथ पर रही. एकरे से जुड़ल होला पोजीशन साइजिंग आ रिस्क मैनेजमेंट. घाटा उठावल सीख लेब त बाकी गोटी अपने-आप आपन जगहा धरे लगीहें सँ. घाटा उठावल सीखते बुझा जाई कि ट्रेडिंग के सही पोजीशन साइज का राखे के बा. आ जब पोजीशन साइज सही हो जाई त रिस्क मैनेजमेंट अनचहलहूँ हो जाई.

शेयर ट्रेडिंग कई तरह के होला बाकिर एहिजा हमरा बस ऑप्शन बॉयर का हिसाब से चर्चा करे के बा काहेंकि ट्रेडिंग में भरमार बा अइसने लोगन के जे कपड़ा के एगो थान लेके बाजार में बजाजी करे उतरि जालें. भुला जालें कि बाजार में कपड़ा मिल मालिको बइठल बाड़ें.

ऑप्शन बॉयर एक-दू-पाँच-दस हजार लगा के लॉट खरीदेलें आ सोचेलें कि लखपति-करोड़पति बन जइहें. ई ना सोचसु कि ऑप्शन सेलर ओहि लॉट के बेचेला लाख-डेढ लाख लगा के बइठल बाड़ें. आ उनुका प्रीमियमे हाथ लाग जाव त ओतने में खुश रहेलें. ऑप्शन बॉयर अपना बेंवत से अधिका मुनाफा कमाए का ताक में रहेलें आ ऑप्शन सेलर उनुका ताक में. जानल-बूझल लोग बतावत रहेला कि लटकले त गइले बेटा बाकिर बेटा बाप बने के सपना में डूबल रहेलें आ अतना कि उनुका थाहे ना लागे कि कब उनुकर पूंजी डूब गइल.

एहसे शेयर ट्रेडिंग के ई टिप हमेशा याद राखीं कि – जिए के बा त मुए के सीखऽ, देखि-बूझि के चले के सीखऽ. ट्रेडिंग करे के बा त टेक्निकल चार्ट पढ़े आ सुने के सीखीं. फेरु रेघरियावत बानी – सुने के सीखीं. अब रउरा पूछब कि ई बोले वाला चार्ट कहाँ भेंटाई. त भईया हर चार्ट बोलेला, बस ओकरा के सुने के सीखे के जरुरत होला.

चलीं अब सीखल जाव कि घाटा कइसे उठावल जाय. पहिले त ई याद राखीं कि जे भी आइल बा ओकरा एक ना एक दिन जाहीं के बा. टिकठी चढ़ल अमर के देखनी, सबले नीमन ठठपाल – इयाद बा नू ? से जेही ऑप्शन खरीदले बा ओकरा बेचहीं के बा – मुनाफा कमा के भा नुकसान उठा के. मुनाफा कमा के उठेवाला कम होलें, नुकसान उठा के हटेवाला अधिका. काहेंकि जब मुनाफा लउकेला त अउरी चाहीं के हवस रोकले राखेला. जब नुकसान बढ़त जाला त लोग मन-ही-मन गोहरावत रहेला – हे भगवान, बस पूंजी लवटा द, एह सौदा में से निकल जाएब. भुला जाला कि ऑप्शन सेलर ओकरा ले बेसी भक्ति-भाव से आ परसादी चढ़ा के बइठल बा. त भगवान सुनीहें केकर !

त अपना नुकसान के एगो सीमा बाँध दीं. फेर आगि लागे चाहे कुकुर काटे ओह सीमा में कवनो बदलाव नइखे करे के. बाकिर ऊ सीमा का होखे के चाहीं ? ई सीमा हर ट्रेडर अपना बेंवत हिसाब से तय करे. बस एक बेर तय कर लेव त ओकरा में बदलाव मत करे. सोनरा के ठुकुर-ठुकुर लोहरा के ठाँय से ! पाँच बेर नुकसान कटा के निकले पड़े भा दस बेर. जहिया मुनाफा होखी तहिया सगरी हिसाब-किताब बरोबर हो जाई आ अधिका उमेद इहे रही कि मुनाफा भेंटाहीं के बा ! बशर्ते ……

रउरा कहब कि अब ई शर्त वाली बात कहाँ से आ गइल ? त शर्त इहे बा कि सौदा रउरा देेेेेेेेेेेेेखि-बूझि के लिहले बानी. राउर कवनो ना कवनो रणनीति होखी, कवनो ना कवनो इंडिकेटर राउर पसंदीदा होखी. बस ओह रणनीति भा इंडिकेटर पर बनल रहीं. ई ना कि आजु नुकसान हो गइल त काल्हु से दोसर रणनीति भा इंडिकेटर खोजे लागीं.

लगले हाथ एगो “share trading tip of the lifetime” अउरी ले लीं. रणनीति आ इंडिकेटर कवनो रही सबमें मुनाफा आ नुकसान के मौका तनिका कम-बेसी ओतने रही. दस बेर में सात बेर मुनाफा आ तीन बेर नुकसान. रउरा बस इहे सीखे के बा कि तीन बेर वाला नुकसान के सीमा ओतने राखीं जवना के भरपाई कइला का बादो सात बेर के मुनाफा कुछ अउरी दे जाव.

ट्रेडिंग के रणनीति चुने-बनावे से पहिले ई जानल जरुरी बा कि बाजार चलेला कइसे. बाजार दू तरह का लोग का बीच का रस्साकस्सी से चलेला. जवन गोल बरियार पड़ी तवन अपना ओरि खींच ले जाई बाजार के. ट्रेडिंग करे वालन के बस इहे सीखे के होला कि ऊ जान सको कि कवन गोल बरियार पड़ी भा पड़ रहल बा. आ तब ओही गोल का साथे चल देबे के बा.

एह दू गो गोलो में दू-दू तरह के लोग होला. एगो कम पूंजी वाला आ दोसरका बड़ पूंजी वाला. जब बाजार चढ़त होखे भा चढ़े के उमेद होखे त कम पूंजी वाला कॉल ऑप्शन खरीदेला आ बड़ पूंजी वाला पुट ऑप्शन बेचेला. एकरा पीछे के कारण जानीं त ऑप्शन खरीदे वाला के जोखिम सीमित होला जबकि ऑप्शन बेचेवाला के जोखिम के कवनो सीमा ना होखे. एही चलते ऑप्शन खरीदे में कम पूंजी के जरुरत होला आ बेचे खातिर बहुते बेसी पूंजी के जरुरत होला. बाकिर इहो होला कि ऑप्शन खरीदे वाला के मुनाफा भेंटाए के संभावनो कम रहेला जबकि ऑप्शन बेचे वाला के मुनाफा भेंटाए के संभावना अधिका होला.

दोसरका गोल ओह लोग के होला जे सोचत बा कि बाजार गिरी भा गिरे के अनेसा बा. एह गोल में कम पूंजी वाला पुट खरीदेला जबकि बड़ पूंजी वाला कॉल ऑप्शन बेचेला.

अब जब बाजार चढ़ी त कॉल ऑप्शन बेचे वाला के नुकसान बढ़े लागी आ ऑप्शन खरीदेवाला के मुनाफा बढ़े लागी. दोसरा तरफ बाजार गिरे लागी तब पुट ऑप्शन बेचे वाला के नुकसान बढ़े लागी आ ऑप्शन खरीदे वाला के मुनाफा.

जब अतना जान लिहनी कि कब मुनाफा होखे के उमेद रही आ कब नुकसान होखे के अनेसा त इहो साफ हो जाए के चाहीं कि कब कॉल खरीदे के बा आ कब पुट. साथही इहो व्यवस्था करि के राखे के बा कि कइसे नुकसान सीमा में रहे. नुकसान के सीमा में बान्ह लिहनी त मुनाफा के उमेद बढ़ जाई.

का आ कइसे खरीदे के बा ई जान लिहला का बाद अब जानल जाव कि कब खरीदे के बा. ई कब के फैसला ई देखि के करे के चाहीं कि तब खरीदल जाव जब नुकसान के अनेसा सबले कम रहे.

एह कब के चुनाव करे से पहिले जान लिहल जाव कि ओह समय हो का रहल बा.

अगर बाजार चढ़ती पर बा त कॉल ऑप्शन सेलर, पुट ऑप्शन बॉयर, आ शॉर्ट सेलर के नुकसान बढ़ती पर बा. ऊ लोग सौदा से निकले का ताक में होखी. निकले के ताक देखत उहो लोग होखी जे पहिले से खरीद के रखले बा आ अब मुनाफा में चलत बा. आ उहो लोग होखी जे अबहीं ले खरीदले नइखे आ सही मौका तिकवत बा खरीदे के, भा ऑप्शन सेलर बेचे के. गँवे गँवे एगो अइसन मौका आई जब नुकसान बरदाश्त का बाहर हो जाई, मुनाफा मन लायक हो जाई आ ई सबले सही समय होखी पुट ऑप्शन खरीदे के.

अगर बाजार गिरावट पर बा त पुट ऑप्शन सेलर, कॉल ऑप्शन बॉयर, आ लांग बॉयर के नुकसान बढ़ती पर बा. ऊ लोग सौदा से निकले का ताक में होखी. निकले के ताक देखत उहो लोग होखी जे पहिले से बेच के रखले बा आ अब मुनाफा में चलत बा. आ उहो लोग होखी जे अबहीं ले बेचले नइखे आ सही मौका तिकवत बा बेचे के. गँवे गँवे एगो अइसन मौका आई जब नुकसान बरदाश्त का बाहर हो जाई, मुनाफा मन लायक हो जाई आ ई सबले सही समय होखी कॉल ऑप्शन खरीदे के.

पता ना ई रणनीति कतना काम करी काहें कि ई कन्ट्रेरियन रणनीति हवे. जब सभे खरीदत होखे तब बेचीं आ जब सब लोग बेचत होखे तब खरीदीं. बाकिर बिना अजमवले त कुछ मानहूं के ना चाहीं. कुछ दिन पेपरे ट्रेडिंग कर के देख लीं. एह रणनीति के सबले बड़ फायदा होखी कि स्टॉप लॉस कम के राखि के काम चलि जाई आ मुनाफा के संभावना होखी निकहा.

अब ई मत पूूूूूूूूूूूूूछीं कि पेपर ट्रेडिंग कइसे कइल जाला. अगर रउरा इहो जानहीं के बा त धीरज धरीं, जानकारी इकट्ठा करीं आ तब बाजार ओर मुँह करीं. अगर हमरा ई पक्का से मालूम रहीत त हम भामाशाहन के काहें खोजत रहतीं ! दहिने देखीं. भामाशाह बनीं भा मत बनीं बाकिर ओकरो के पढ़ लीहल कवनो नुकसान ना करी.

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up