…बाबाजी के पदा के! सतरह दिन के बनवास का बाद राउर अँजोरिया फेर अपना पुरनके अँगना में मौजूद हो गइल बिया. एह बीचे कतना परिश्रम कतना परेशानी भइल, से मत पूछीं. बस अतने जान ली कि एगो बियाबान में एगो लड़िका रास्ता भुला गइल रहुवे बाकिर हिम्मत ना हरलस आ लागल रहल. होते हवाते बाहर के अँजोर लउकिये गइल ओकरा आ ऊ सही सलामत ओह बियाबान जंगल से बहरी निकल आइल.
ई बात त हम कतना बेर बतवले बानी कि हमरा लगे कंप्यूटर के कवनो औपचारिक जानकारी भा प्रशिक्षण नइखे. जवन सीखले बानी अपने प्रयास से एकलव्य लेखा. एगो बात हमरा पक्ष मे इहे जाला कि हम हमेशा आउट आफ बाक्स सोचे खातिर स्वतत्र रहीले. औपचारिक प्रशिक्षण रहीत त जानल पहिचानल रास्ता से जइती, ना रहला का चलते आपन राह खुद खोजे के पड़ेला. जिनिगिओ में इहे बात साँच होला. कबो हिम्मत मत हारीं. लक्ष्य का तरफ मुंह कइले आगा बढ़े के प्रयास करत रहीं. देर सबेर अपना जगहा पर चहुँपिये जाएब.
आशा करत बानी जे अब ले जवन समय एह भुलभूलैया से निकले के रास्ता खोजे में लागल तवना के अब नया नया सामग्री जोड़े में इस्तेमाल हो पाई आ रउरा सहयोग आ प्यार दुलार से अँजोरिया आगा बढ़त जाई. अब त एह में इन्टरएक्टिविटी आ गइल बा. रउरा हर सामग्री पर आपन राय दे सकीलें.एह सुविधा के इस्तेमाल करीं आ अँजोरिया के भोजपुरी समाज के एगो मजगर मंच बना दीं. जहाँ तक अँजोरिया के नीति के सवाल बा त ऊ उहे बा जवन पहिले रहुवे. कबिरा खड़ा बाजार में सबकी पूछे खैर, ना काहू से दोस्ती ना काहू से बैर.
अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे - anjoria@uboi
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय anjoria@outlook.com पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023 गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(3)
24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023 फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023 पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(11)
24 अप्रैल 2024 सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.
संस्तुति
हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी.
अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर
आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN
सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में।
बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में।
घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया,
चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में।
- संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से
tahar esab akdam bokash lagal ha.