अफजाल के कांग्रेस के दामाद बतवला से झनझनाइल……

कांग्रेस अब बात बात में केहू ना केहू के नीतिन गडकरी के दामाद बतावे लागल बिया. पहिले त दिग्गी राजा रामजेठमलानी के उनकर दामाद बतवले आ अब कांग्रेस के प्रवक्ता कर्नाटक के वेल्लारी बंधुवन के नीतिन गडकरी के दामाद बतवले बाड़े. कर्नाटक के वेल्लारी बंधु खान के धंधा करेले आ सरकार मे् खनन मंत्रालय वेल्लारिये का जिम्मे बा. एहपर कांग्रेस के आरोप बा कि जब ड्रेकुले के ब्लड के रखवारी दे दिहल जाई त बाँची का?

चार राज्य में नक्सल विरोधी अभियान खातिर एकीकृत कमान

नक्सलियन से निबटे खातिर देश के चार गो राज्य अपना अपना इहाँ एकीकृत कमान बनइहें जवना में सुरक्षा बल, राज्य प्रशासन, आ स्थानीय पुलिस बल शामिल रहीहे. अति पिछड़ा इलाकन में विकास के काम तेज कइल जाई. नक्सलियन से खाली हो गइल इलाकन में सेना आ पुलिस में भर्ती के विशेष अभियान चलावल जाई. गृहमंत्री कहले बाड़े कि हिंसा का बल पर राजनीतिक सत्ता पर काबिज होखे के नक्सलियन के सपना पूरा ना होखे दिहल जाई.

मुंबई में गैस रिसाव से दर्जनो लोग बेमार

मुंबई का सिवरी इलाका में पोर्ट ट्रस्ट का लगे एगो सिलिण्डर से क्लोरिन का रिसाव से करीब १०३ लोग बीमार पड़ गइल बा जवना में से आठ आदमी के हालत खराब बा. करीब पाँच सौ लोग के इलाका से हटा के दोसरा जगह भेजल गइल बा. दमकल के अधिकारियन के कहनाम बा कि कस्टम विभाग बहुते गैस सिलिण्डर जब्त कइले बा आ ओहिमें से एगो में गैस के रिसाव से ई दुर्घटना भइल बा.

डेंटल काउन्सिल मंत्रालय के सिफारिश माने के तइयार नइखे

डे्टल काउन्सिल आफ इण्डिया ३९ गो मौजूदा कॉलेजन में नया प्रवेश पर रोक लगा दिहले बा आ नया कॉलेज खोले के ४७ गो प्रस्तावन के नकार दिहले बा. एह से चिन्तित स्वास्थ्य मंत्रालय एगो कमिटी बना दिहलस जवन सलाह दिहलस कि १५ गो कालेजन के प्रवेश के अनुमति दिहल जाव आ तीन गो कालेज खोले के मंजूरी दिहल जाव. काउन्सिल ओह कॉलेजन में प्रवेश के अनुमति ना दिहलसि आ दूइये गो नया कॉलेज खोले के अनुमति दिहलस.

रोहतास के मेडिकल कॉलेज के प्रवेश लेबे के अनुमति मिलल

बिहार प्रदेश भाजपा के पूर्व अध्यक्ष गोपाल नारायण सिंह के नारायण मेडिकल कालेज, जम्हुआर के एह साल एक सौ विद्यार्थियन के प्रवेश के अनुमति मेडिकल काउन्सिल से मिल गइल बा. एह मेडिकल कॉलेज का ४०० बेड का अस्पताल से बिहार के कैमूर, रोहतास, औरंगाबाद, आ भोजपुर जिला आ झारखण्ड के पलामू जिला के मरीजन के फायदा मिली. बिहार में अब तीन गो निजी मेडिकल कॉलेजन के मान्यता मिल चुकल बा. रोहतास मेडिकल कॉलेज परिसर में अब एगो नर्सिंगो कालेज खोलल जाये वाला बा जवना के अनुमति एह साल नर्सिंग काउन्सिल से मिल जाये के उमेद बा.

अण्डा से पहिले मुर्गिये आइल रहे

शेफील्ड आ वारविक विश्वविद्यालयन के वैज्ञानिक अपना शोध का बाद दावा कइले बाड़े कि पहिले मुर्गिये आइल रहे आ एकर प्रमाण अण्डा के खोल में मिलल एगो प्रोटीन बा जवन मुर्गी का अण्डाशये में बनेला. बाकिर ई विद्वान लोग ई नइखे बतवले कि मुर्गी पहिले आइल त कइसे.

बिजली विभाग के मिलल मायावती से तोहफा

यूपी के मुक्यमंत्री मायावती बिजली विभाग के आदेश दिहले बाड़ी कि पन्द्रह दिन का भीतर राज्य भर के ढीला बिजली के तार बदल दिहल जाव. बिजली के कमजोर पोलो के बदल दिहल जाव. अब अन्दाजा लगा लीं कि आनन फानन में करे वाला एह काम में अधिकारियन के कतना कमाई हो जाई. कुछ पार्टी फण्ड में देबहू के पड़े त का नुकसान? अधिकारी त एहीसे बाढ़ सूखा अकाल के इन्तजार करत रहेले कि आपन तोंद अउरी मोट कर लेसु. बात मुख्यमंत्री के नियत के नइखे होत बात विभाग के खोट के हो रहल बा. सरकार केहू के होखे अधिकारियन का कमाई में कमी ना आ पावे.

बिहार में कांग्रेस कार्यकारिणी भंग

चुनाव का तइयारी में कांग्रेस आपन बिहार प्रदेश कार्यकारिणी भंग कर दिहले बिया आ चुनाव खातिर समिति बना दिहल गइल बा. कोषाध्यक्ष डा॰अजय कुमार सिंह के नइखे हटावल गइल. बिहार खातिर चुनाव समिति, समन्वय समिति, घोषणा पत्र समिति, प्रचार समिति, आ मीडिया समिति बना दिहल गइल बा. चुनाव समिति में प्रदेश अध्यक्ष महबूब अली कैसर, डा॰ शकील अहमद, सदानंद सिंह, चंदन बागची समेत अठारह सदस्य बाड़े. समन्वय समिति के बइठक १७ जुलाई के बोलावल गइल बा.

पिसात बाड़े मेडिक्लेम इन्स्योरेंस करावे वाला

अस्पतालन आ इंस्योरेंस कंपनियन का झगड़ा में बीमा करावे वाला पिसा रहल बाड़े. पहिले त इंस्योरेंस कंपनी बहुते अस्पतालन से कैशलेस इलाज के सुविधा हटा लिहले आ अब पइसा दे के इलाज करा लिहला का बाद बीमा करावे वाला के भुगतान में कटौती शुरु कर दिहले बाड़ी सँ. बीमा कंपनियन के आरोप बा कि अस्पताल फालतू के बिल देत बाड़ी सँ जबकि बड़का अस्पताल आपन रेट कम करे के तइयार नइखी सँ.

खेल का दुनिया से

आई सी सी आपन अलगा एंटी डंपिग पालिसी बना के वाडा के झटका दे दिहले बिया. हालांकि आईसीसी के पालिसी में वाडा के बहुते कोड के जस का तस राख लिहल बा. बस ह्वेयर एबाउट क्लाज में बड़हन बबदलाव कइल गइल बा.

बेगम सानिया मिर्जा का साथे लंदन में घूमत शोएब मलिक के पाकिस्तानी टीम में नइखे राखल गइल.

कॉमनवेल्थ गेम्स के तइयारी समिति क्रिकेट बोर्ड का आगा सहायता के कटोरी रखले बिया आ एक सौ करोड़ मंगले बिया. बोर्ड अबही ले कवनो संकेत नइखे दिहले आ ३१ जुलाई के होखे वाला अपना बइठक में एह पर विचार करी.

 879 total views,  5 views today

One thought on “टटका खबर, बियफे, १५ जुलाई”

Comments are closed.

%d bloggers like this: