घाव बड़े काम आ गए – हरिवंश पाठक गुमनाम

by | Mar 23, 2012 | 0 comments

पुण्य स्मरण

“सूझ बूझ” पत्रिका के दुसरका अंक से पता चलल कि हरिवंश पाठक गुमनाम जी अब नइखीं. मन माने के तइयार नइखे. जहिया ले पढ़ले बानी, आँख भरले रहतिया. भोजपुरी में उहाँ अस गीत आ गजल लिखेवाला कवनो रचनाकार से अभी तक हम नइखीं मिलल. शिल्प के बात करीं त मोती चुनल आ पिरोवल केहूँ उहाँ से सीखे. लगभग 27-28 बरिस हो गइल उहाँ से मिलला. “जमानिया” हमरा किहाँ से बहुत दूर नइखे,बाकिर हमार ई दुर्भाग्य बा कि नोकरी में अइला का बाद बाहरे रहला का कारन गाँव पर बहुते कम समय दे पवले बानी. कई बेर चहलीं कि उहाँ से मिल पाईं भा फोने प बतिया लीं बाकिर अपना व्यस्तता आ आलसी स्वभाव का कारन सफल ना हो पवलीं.एने 6-7 महीना से बेचैन रहीं, कई लोगन से उहाँ के कंटैक्ट नं. मङलीं बाकिर मिलल ना.

अजुओ उहाँ के चेहरा बिसरत नइखे. जब हम एम.ए. करत रहीं बोधगया से (मगध विश्वविद्यालय के स्ना. विभाग में) त रोहतास जिला में आयोजित कुछ कवि सम्मेलनन में उहाँ का सङे काव्य-पाठ करेके मोका मिलल रहे. ओह घरी उहाँका हमरा एगो गीत के कुछ संशोधन से सँवरले रहीं. कबो-कबो भय होत रहेला कि एह तरह के रचनाकार जब चलि जइहें त का होई ? अब आजु का कहीं ?

गुमनामे जी का भाषा में हम कहल चाहबि कि

गीतों के डालकर कमंद
हम कि लबेबाम आ गए
बिरच गए दर्दों के छंद
घाव बड़े काम आ गए.

परत-परत प्यार जम गया
पोर-पोर पीर बस गई
प्यास प्राण-प्राण में भरे
रिश्ते गुमनाम आ गए.
——————————————-

मटिया क गगरी पिरितिया क उझुकुन
जोगवत जिनिगी ओराइ
सगरी उमिरिया दरदिया के बखरा
छतिया के अगिया धुँआइ
बूड़ि जात कजरा में अँचरा के कोरवा
लोरवा लिखल बा लिलार.

– रामरक्षा मिश्र विमल


दुर्भाग्य हमहन के बा जे भोजपुरी साहित्य के अइसनो लोग गुमनाम रहि जात बा. गुमनाम जी का बारे में पढ़नी त खोजल शुरू कइनी. पता चलल कि गुमनाम जी के निधन पिछला साल ३१ दिसंबर २०११ के साँझे भइल रहे बाकिर एहिजा ले खबर चहुँपे में तीन महीना लाग गइल.

गुमनाम जी का बारे में एगो लेख :

संपादक, अँजोरिया का तरफ से श्रद्धांजलि

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up