टटका खबर, बुध, २३ जून

by | Jun 23, 2010 | 0 comments

नीतीश के शर्त भाजपा नामंजूर कइलसि

कहलसि कि गठबन्हन कवन एक दल का शर्त पर ना चल सके. भाजपा के चुनाव प्रचार में नरेन्द्र मोदी भा वरूण गाँधी भा दुनु के बोलावल भा ना बोलावल भाजपा तय करी. दोसरा तरफ नीतीश एह शर्त पर अड़ल बाड़न आ अब शायद उनकर पार्टी अलगा चुनाव लड़े के फैसला करी. भाजपा के कुछ बिहारी नेता अपना सत्ता लोलुपता का कारण नीतीश का साथ बनल रहल चाहत बाड़न.

केन्द्रीय गृह मंत्रालय अफजल के फाँसी के सलाह दिहलस

अपुष्ट खबरन में कहल जा रहल बा कि गृह मंत्रालय अफजल के फाँसी देबे के सलाह दिहले बा. अब ई सलाह प्रधानमंत्री कार्यालय भेजल जाई जहाँ से ओकरा के राष्ट्रपति भवन भेज दिहल जाई. परम्परा का मुताबिक राष्ट्रपति के ई सलाह मान लेबे के चाहीं बाकिर राष्ट्रपति एकरा के सरकार का लगे वापिस फेर से विचार करे खातिर भेज सकीले.

चीन पाकिस्तान में दू गो परमाणु केन्द्र बनाई

भारत के चिन्ता नकारत चीन अपना दोस्त पाकिस्तान खातिर दू गो परमाणू केन्द्र बनावे के तय कइले बा. एकर एलान काल्हु न्यूजीलैण्ड में होखे जा रहल न्यूक्लियर सिक्यूरिटी ग्रुप का बईठका में कइल जाई. चीन एहसे पहिलहू पाकिस्तान में दू गो परमाणु केन्द्र बना चुकल बा.

पटना में बम विस्फोट से एक आदमी के मौत दू गो बच्चा घवाहिल

आजु सबेरे पटना के नालन्दा मेडिकल कालेज परिसर में एगो कूड़ेदान से कूड़ा बिटोरे गइल एगो लड़िका के कुछ गड़बड़ चीज लउकल त ऊ अपना बाप के बोला लिहलस बाकिर जब ले ऊ ओहिजा चहुँपल तबले बम विस्फोट हो गइल आ ओकर ओहिजे मौत हो गइल. ऊ लड़िका आ एगो दोसरो लड़िका बुरी तरह घवाहिल हो गइल बाड़े.

लालू पासवान के कोर्ट में हाजिर होखे के समन

जनवरी में बिहार बन्द का दिने सार्वजनिक संपत्ति के नुकसान चहुँपावे आ एगो वकील सुधीर कुमार ओझा का साथे बदसलूकी करे का मामिला में २४ जुलाई के खुद अपने हाजिर होखे के समन मुजफ्फरपुर का कोर्ट से जारी भइल बा.

पटना पुलिस दस गो अपराधी के गिरफ्तार कइलसि

मंगल का दिने पटना का लोहानीपुर से आ गाँधी मैदान इलाका से दस गो अपराधियन के गिरफ्तार करे में सफल रहल. पुलिस के जानकारी मिलल रहुवे कि कुछ लोग पटना से असलहा सप्लाई के काम करत बा जवन नक्सलियन आ दोसरा अपराधियन के दिहल जा रहल बा. पुलिस का मुताबिक पकड़ाइल बदमाश बस कैरियर के काम करेले. एगो दोसरा खबर का बाद पुलिस लोहानीपुर में छापा मरलस आ ओहिजा से एगो व्यवसायी के लूटे के योजना में लागल आउर गो अपराधियन के पकड़ लिहलसि.

जम्मू काश्मीर में सेना के कर्नल शहीद

काश्मीर का लोलाब घाटी का घन जंगल में आतंकियन का साथ हो रहल मुठभेड़ में १८ राष्ट्रीय रायफल्स के कमाण्डिंग आफिसर कर्नल नीरज सूद शहीद हो गइलन. मुठभेड़ वाली जगहा पर अतिरिक्त सुरक्षा बल भेजल गइल बा जहाँ मुठभेड़ अबहियो जारी बा.

गाजीपुर जेल में तीन गो कैदियन के रहस्यमय मौत

सोमार रात से गाजीपुर जेल में तीन गो कैदियन के मौत हो चुकल बा, जेल अधिकारी पहिला मौत के खुदकुशी बतवले रहले बाकिर ओकरा बाद दू गो अउरी मौत हो गइला का बाद अधिकारी कुछ नइखन बोलत. बतावल जात बा कि जेल का कैन्टीन में गैर कानूनी रुप से उपलब्ध कोल्ड ड्रिंक पियला का बाद चार गो कैदियन के तबियत खराब हो गइल आ एक एक करके तीन गो के मौत हो गइल. चउथका जिनिगी आ मौत का बीचे झूल रहल बा. अधिकारी इहो बतावे के तइयार नइखन कि कैण्टीन में कोल्ड ड्रिकं कइसे उपल्बध भइल?

पेट्रोल डीजल महँग करे खातिर केन्द्र सरकार बेचैन

केन्द्रीय पेट्रोलियम मंत्री मुरली देवड़ा कई बेर कह चुकल बाड़न कि उपभोक्ता के राहत देबे खातिर राज्य सरकार पेट्रोल डीजल पर बिक्री कर कम करस. शुक का दिने दिल्ली में एह विषय पर विचार करे खातिर बनावल मंत्रियन के समूह के बईठका होखे जा रहल बा कि पेट्रोल डीजल के दाम पर से सरकारी नियन्त्रण हटावल जाव कि ना. अगर अइसन हो गइल त पेट्रोल तुरते चार रुपया महँग हो जाई. डीजल आ रसोईयो गैस के दाम बढ़ल तय बा.

फीफा वर्ल्ड कप

फीफा वर्ल्ड कप में काल्हु का मैच में अर्जेण्टिना ग्रीस के दू शून्य से हरा दिहलस. ऊ अबतक के तीनो मैच जीत लिहले बा. दोसरा मैच में उरुग्वे मैक्सिको के हरा दिहलस आ प्रीक्वार्टरफाइनल खातिर क्वालिफाई कर गइल. तीसरका मैच में दक्षिण अफ्रीका फ्रांस के दू एक से हरा के ओकरो के बाहर के रास्ता देका दिहलस. अपनहू ऊ बाहर हो गइल बा. आजु अमेरिका के अल्जीरिया से, इंगलैण्ड के स्लोवानिया से, आ घाना के जर्मनी से मैच होखे वाला बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up