टटका खबर, शनिचर, ५ जून

by | Jun 5, 2010 | 0 comments

हेडली से पुछताछ करे के अनुमति दिहलस अमेरिका

डेविड कोलमैन हेडली से मुंबई पर भइल आतंकी हमला का बारे में पुछताछ करे के अनुमति भारतीय अधिकारियन के मिल गइल बा. हेडली अमेरिका में गिरफ्तार बा आ सकार लिहलेबा कि मुंबई हमला में ओकर हाथ रहुवे. अमेरिका के नेशनल सिक्युरिटी एडवाइजर जेम्स जोन्स के कहनाम बा कि दुनु देश के जिम्मेवार अधिकारी एह काम में लागल बाड़े आ आतंक के खात्मा करे खातिर अमेरिका आ भारत का बीच सम्यक सहयोग का दिशा में ई सही कदम बा.

आईपीएल विवाद में पवार के खानदान के नाम सामने आइल

जाँच के दौरान पता चलल बा कि पुणे टीम खातिर बोली लगावे वाला सिटी कार्पोरेशन में शरद पवार आ उनका परिवार के हिस्सा बा. पवार परिवार के कहनाम बा कि ई बोली कंपनी के प्रबन्ध निदेशक अपना व्यक्तिगत हित में लगवले रहले आ कंपनी के नाम खाली कानूनी जरुरत पुरा करे खातिर दिहल गइल रहे. बाकिर जब निविदा पत्र कंपनी का नाम से खरीदाइल आ बोली कंपनी का नाम से लगावल गइल त फेर शरद पवार अपना जवाबदेही से मुकर ना सकस. कंपनी के छठवाँ हिस्सा के स्वामित्व पवार परिवार का लगे बा.

हत्या का मुकदमा में शहाबुद्दीन पर आरोप गठित

साल २००४ में सीवान के एगो व्यापारी के दू गो बेटन के अलहरण कर के हत्या कर देबे का मामिला में राजद के पूर्व सांसद शहाबुद्दीन पर आरोप तय कर दिहल गइल बा. शहाबुद्दीन से जुड़ल मामिला के सुनवाई एह खातिर बनावल विशेष अदालत जेले में कर रहल बा. बचाव पक्ष एह मामिला में शहाबुद्दीन के नाम हटावे के तर्क दिहले रहे काहे कि उनका के अप्राथमिक अभियु्क्त बनावल गइल बा.

राजद कार्यालय में युवा नेता लोग लड़ाई में पिस्तौल निकललें

पटना राजद कार्यालय में अपने में बहसा बहसी में तनाव अतना बढ़ गइल कि युवा राजद के प्रदेश अध्यक्ष सतीश पासवान आ राष्ट्रीय महासचिव धनंजय वर्मा एक दोसरा पर पिस्तौल निकाल लिहले. एह घटना का बाद नाराज लालू यादव युवा राजद के सगरी कमेटियन के भँग कर दिहले. ९ जून के पटना में होखे वाला राष्ट्रीय अधिवेशनो के स्थगित कर दिहल गइल बा.

श्रीरविशंकर पर चलल गोली कुकुर भगावे खातिर चलल रहे

पिछला तीस मई के बेंगलूर में श्री रविशंकर पर चलल गोली का मामिला में पुलिस अपना जाँच का बाद एह निष्कर्ष पर चहुँपल बिया कि आर्ट आव लिविंग आश्रम का पड़ोस में रहे वाला एगो आदमी कुकुरन के भगावे खातिर अपना लाइसेंसी पिस्तौल से चार गो फायर कइले रहुवे ओहिमें से एगो गोली आश्रम में चल गइल रहे. गोली आ पिस्तौल का जाँच का बाद साबित हो गइल बा कि ऊ गोली ओही पिस्तौल से चलावल गइल रहे. श्रीरविशंकर के भक्त एह जाँच से संतुष्ट बाड़न.

माकपा पोलितब्यूरो का बइठक में बुद्धदेव ना अइलें

नयी दिल्ली में हो रहल माकपा पोलित ब्यूरो का बईठक में पश्चिम बंगाल के नगरपालिका चुनाव में वाम फ्रंट के मसला पर विचार कइल गइल आ तय भइल कि जब राज्य इकाई जून के अन्त तक आपन रिपोर्ट पेश कर दी तब ओह पर चर्चा कइल जाई. एह बईठक में पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री बुद्धदेव भट्टाचार्य शामिल ना भइले. अफवाह फइलल कि ऊ इस्तीफा दे दिहले बाड़न त खण्डन कर दिहले कि इस्तीफा देबे के कवनो सवाले नइखे उठत.

मायावती पर यूपी में दंगा फइलावे के साजिश के आरोप

लखनऊ के पिपराघाट का लगे पचीस साल से मौजूद मुस्लिमबस्ती के उजाड़ देबे का खिलाफ राज्यपाल के दिहल अपना याचिका में समाजवादी पार्टी आरोप लगवले बिया कि एह कार्रवाई मेंजवना तरह से धार्मिक स्थल आ पवित्र ग्रन्थ के नष्ट कइल गइल तवना के मकसद राज्य के साम्प्रदायिक दंगा के आग में झोंके के साजिश कहल जा सकेला. पार्टी मायावती के तत्काल बर्खास्त करे के माँग कइले बिया.

राष्ट्रवाद भाजपा के प्रेरणा स्रोत ह, कहलें गडकरी

भाजपा के मुख्यमंत्रियन के दू दिन के सम्मेलन के संबोधित करत नीतिन गडकरी कहलें कि राष्ट्रवाद भाजपा के प्रेरणा स्रोत ह. दू दिन के एह शिविर में भाजपा के मुख्यमंत्रियन के सिखावल जाई कि कइसे राज चलावस कि जनता से संपर्क बनल रहो आ जनाकांक्षा के पूरा कइल जा सके. रमन सिंह के पिता के मौत काल्हु शुक के हो गइला का चलते ऊ बईठक में नइखन आइल.

लिस्टेड कंपनियन के चउथाई शेयर खुदरा निवेशक का लगे होखे के चाहीं

केन्द्र सरकार कंपनी कानून में बदलाव कर के लिस्टेड कंपनी के एक चउथाई शेयर खुदरा निवेशक का लगे रहल जरुरी बना दिहले बिया. एह फैसला का परिणाम से नया पब्लिक इशू के बाढ़ आ जाई. अगिला पाँच साल का भीतर ई हिस्सेदारी बन जाये के चाहीं.

श्रीलंका का साथे हो रहल एकदिना मे भारत

अबही चल रहल एकदिना मैच में भारत पचास ओवर में नौ विकेट गँवा के २६९ रन बना लिहलस. एकरा जवाब में ई समाचार लिखत घरी श्रीलंका दू विकेट का नुकसान पर १०१ रन बना चुकल बा आ अबही तीस ओवर के खेल बाकी बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up