टटको में टटका खबर : 23 अक्टूबर 2014, बियफे

by | Oct 23, 2014 | 0 comments

23 अक्टूबर 2014 का दिने दिवाली पर सियाचेन में सेना के जवानन के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी

23 अक्टूबर 2014 का दिने दिवाली पर सियाचेन में सेना के जवानन के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी

  • छपरा, समस्तीपुर, आ पूर्णिया में नया मेडिकल काॅलेज खोले खातिर बिहार सरकार केन्द्र का संगे समझौता पर दस्तखत करी. एह मेडिकल काॅलेजन खातिर तीन चौथाई धन केन्द्र दी आ बाकी एक चौथाई राज्य सरकार.
  • छठ पूजा का दौरान कवनो तरह के हादसा से निपटे ला केन्द्र से राष्ट्रीय आपदा राहत फोर्स के नौ गो टुकड़ी बिहार भेजल जाई जवना के सारण, वैशाली, नवगछिया आ भागलपुर में लगावल जाई.
  • आजमगढ के रानी के सराय इलाका में मोटरसाइकिल से आइल तीन गो बदमाश गोली मार के एगो आदमी के जान ले लिहले.
  • लखनऊ आ दिल्ली के आनंद विहार टर्मिनस का बीच डबल डेकर ट्रेन चलावे का पहिले भइल परीक्षण सफल भइला का बाद अब उमेद बा कि जल्दिए एह रूट पर डबल डेकर ट्रेन चलल शुरू हो जाई. धनबाद हावड़ा का बीच डबल डेकर ट्रेन जमाना से चलत बा.
  • बलिया के ददरी पशु मेला में आपन मवेशी बेचे आइल तीन लोग के नशा खिआ के ओह लोग का लगे से 80 हजार रुपिया लूट लिहले स बदमाश.
  • सारण जिला के अवतार नगर थाना के रामपुर गांव में आजु भोर में जमीन के झगड़ा का चलत भ‎इल मारपीट में एक आदमी के मौत हो गइल.
  • देवरिया जिला में एगो नशेड़ी बाप नशा करे से रोके वाला अपना बेटा के गर्दन दाँत से काट दिहलसि जवना से बेटा के मौत हो गइल. ओकरा बाद बाप फरार हो गइल बा.
  • कश्मीर के बाढ़ पीड़ितन ला पीएम मोदी आजु कई गो राहत के एलान कइलन. कहलन कि राहत के काम देखे ला प्रधानमंत्री कार्यालय में खास युनिट बनावल जाई जे एह काम पर निगरानी राखी आ कवनो बाधा ना आवे दी.
  • पीएम मोदी आजु सियाचिन जा के ओहिजा तैनात सैनिकन संगे दि‌वाली मनवले आ सेना के भरोसा दिहले कि पूरा देश ओह लोग का साथे खड़ा बा. कहलन कि अब सैनिकन के रिटायर का बाद कवनो दिक्कत ना होखे दिहल जाई.
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु जम्मू कश्मीर के दौरा पर गइले त नमकहराम अलगाववादी ओहिजा बंद के एलान क दिहले. एकरे के कहल जाला कि माई करे धिया धिया आ धिया करे छिया छिया!
  • अमृतसर में अटारी सीमा पर आजु पिछला बरीसन का तरह दिवाली के मिठाई ना दिहल गइल पाकिस्तानियन के. पिछला बकरीद पर भेजल मिठाई ना लिहले रहल सँ पकिस्तनिया.
  • देश के बंटवारा के बाद पाकिस्तान से बहुते हिन्दू हिन्दुस्तान अइलें बाकिर आजु ले ओहमें से बहुते लोग के देश के नागरिकता ना मिलल. बाकिर अब केन्द्र में नया सरकार बनला का बाद ओह लोग के नागरिकता देबे के काम शुरू होखे जात बा. सरकार आँकड़ा बिटोरल शुरू क दिहले बिया.
  • गोण्डा के शहर कोतवाली इलाका में एगो बेकाबू ट्रक से कचरा के दू गो नवहियन के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलन.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up