दिल्ली में मेहरारुन के दुर्दशा

by | Mar 24, 2011 | 0 comments

दिल्ली के भोजपुरी मैथिली अकादमी द्वारा आयोजित नाट्य समारोह में महापंडित राहुल सांस्कृत्यायन के लिखल भोजपुरी नाटक “मेहरारुन के दुर्दशा” के मंचन करावल गइल. नाटक के एगो पात्र के सवाल रहे, “ऐ यशोधरा जानत हऊ, सनातन काल में कितने मेहरारून (स्त्री) सती के नाम पर बलि चढ़ी? कितने? डेढ़ अरब…का…!” हर साल १० लाख मेहरारून के बलि सती का नाम पर डेढ़ हजार साल तक चढ़ावल जात रहल. ई देखावत बा कि समाज में मेहरारुवन के कतना दुर्दशा होत रहल बा.

रंगश्री संस्था के नाटककार महेंद्र प्रताप सिंह आ उनुकर टीम एह नाटक का माध्यम से समाज में औरतन के हालात बयान कइलसि. अकादमी के सचिव प्रोफेसर रविंद्रनाथ श्रीवास्तव कहलन कि आजु से ६०-७० साल पहिले राहुल सांकृत्यायन मेहरारुन के दशा पर जवन लिखले तवन आजुवो बरकरा बा. आजु के राजनीति काल्हु प्रासंगिक ना रही बाकिर काल्हु के साहित्य आजुवो प्रासंगिक बा आ काल्हुओ रही. रामचरित मानस एहकर बेजोड़ उदाहरण बा.

नाट्य उत्सव में विशिष्ट अतिथि का रूप में शामिल भोजपुरी समाज के अध्यक्ष अजीत दुबे के स्वागत मैथिली-भोजपुरी अकादमी के उपाध्यक्ष डॉ. गिरीशचंद्र श्रीवास्तव फूल के गुलदस्ता देके कइले. अजीत दूबे कहले कि ऊ समाज कबहू जिन्दा ना रह सकी जे अपना भाषा आ संस्कृति से प्यार ना करत होखे. कहलन कि मुख्यमंत्री शीला दीक्षित का सहयोग से मैथिली-भोजपुरी अकादमी के स्थापना भइल रहे आ अब एह समाज के लोगन के कर्तव्य बा कि ऊ लोग अपना भाषा के विकास में महती योगदान देव.


(स्रोत – देवकान्त पाण्डेय)

निर्देशक महेन्द्र प्रताप सिंह के स्वागत करत अजीत दुबे

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up