फूल पतई हवा बा हैरान

by | Feb 4, 2014 | 0 comments

KaviSammelanBalliaJan14विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया इकाई आ भोजपुरी के चर्चित पत्रिका ‘पाती’ का सहभागिता में बलिया के श्रीराम बिहार कालोनी में पाती कार्यालय का सभाकक्ष में एगो स्तरीय सरस काव्य उत्सव के आयोजन भइल.

मऊ पी॰जी॰ कॉलेज के डा॰ राम निवास राय का आतिथ्य में आ डा॰ शत्रुघ्न पाण्डेय के अध्यक्षता में भइल एह कवि गोष्ठी के शुरुआत शिवजी पांडेय रसराज के सरस्वती वंदन आ गीत पाठ से भइल. डा.कमलेश राय आ डा॰ अशोक द्विवेदी का गीतन में गँवई संस्कृति, राष्ट्रीय चेतना आ प्रेम के तरलता भाव विभोर कइलस. उहवें मिथिलेश गहमरी, शशि प्रेमदेव आ मोइन हमदम के जीवन धर्मी धारदार गजलन से एगो नया समाँ बन्हा गइल. कमलेश जी के ई लाइन सुमधुर वातावरण तइयार कइलस – “सकुची सकुचि उगे सुरुज किरिनिया, फुलवा पंखुरियो न खोले, सवेरे भोरे अब त चिरइयो न बोले..’. डा.अशोक द्विवेदी के प्रेमसिक्त उद्रेक के रचना शिल्प एगो नये अन्दाज में उभरल – “उहे धरती, उहे सुरुज चान, ओइसहीं बा दिल अभी नादान, हम का लिखीं दूसर ?” “प्यार धरती के गहे आकाश ओलरल, मीठ चितवन में लसल ठहराव के पल. फूल पतई हवा बा हैरान, हम का लिखीं दूसर?”

कन्हैया पाण्डेय, त्रिभुवन सिंह प्रीतम आ हीरा लाल हीरा, पारिवारिक आ सामाजिक विसंगति में मानवी मूल्य खोजत लउकल त विष्णुदेव तिवारी आ राम निवास राय के मुक्त छन्द में दिल दिमाग झकझोरत कविता सुने के मिलल. शंकर शरण, शत्रुघ्न पाण्डेय, कंचन जमालपुरी, रामेश्वर सिंह, नवचन्द्र तिवारी, फतेह चन्द बेचैन, डा॰ जनार्दन राय आफि कवियन के रचना गोष्ठी का फलक के विस्तार देत लउकल.

मिथिलेश गहमरी के शेर पर खूब वाहवाही मिलल – “जरूर चाँदनी विहँसी, सुतार होखे दीं, उदास चान के गरहन से पार होखे दीं”. शशि प्रेमदेव संचालन कइलन आ डा॰ श्रीराम सिंह धन्यवाद प्रकाश में “कविता उत्सव” के उपलब्धियन के बखान कइलन. ई गौर करे वाली बात बा कि “पाती” का ओर से बलिया शहर में हर महीना अइसने उत्कृष्ट साहित्यिक सांस्कृतिक आयोजन होला जवन सांस्कृतिक साहित्यिक रचनाकर्म के प्रोत्साहन का साथ, सार्थक सामाजिक हस्तक्षेप करेला.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up