"बाबू हो कुंवर सिंह तेगवा बहादुर" के जयन्ती पहिला बेर राष्ट्रपति भवन में

by | Apr 25, 2012 | 1 comment

वीर बाबू कुंवर सिंह के 155 वां विजयोत्सव पहिला बेर राष्ट्रपति भवन में मनावल गइल. वीर कुंवर सिंह फाउंडेशन, नई दिल्ली के एह आयोजन के शुरुआत मुख्य अतिथि भारत के राष्ट्रपति प्रतिभा देवी सिंह पाटिल वीर कुंवर सिंह के फोटो पर फूल चढ़ा के श्रद्धांजली दे के कइली. एकरा बाद राष्ट्रपति महोदया के वीर कुंवर सिंह फाउंडेशन के अध्यक्ष निर्मल सिंह संस्था के प्रतीक चिन्ह भेंट कइलन आ कहलन कि शायद पहिला बेर राष्ट्रपति बवन में वीर कुंवर सिंह के स्मृति समारोह मनावल जात बा.

बाबू वीर कुंवर सिंह के याद करत राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल कहनी कि जिनिगी प्रेरणा पर चलेले. जवना तरह वीर कुंवर सिंह आपन बलिदान दिहलन ओहसे लोग के प्रेरणा मिलल. अइसन लोग समय आ काल में बन्हाइल ना रह जाव आ जमाना ओह लोग के हजारो साल ले याद कइल करेले.

समारोह में जनार्दन द्विवेदी, महासचिव, अखिल भारतीय कांगेस, डा० कर्ण सिंह आ डा० भीष्म नारायण सिंह(पूर्व राज्यपाल) आपन संबोधन दिहलें. कार्यक्रम में सांसद महाबल मिश्रा, भोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दूबे, विश्व भोजपुरी सम्मलेन दिल्ली इकाई के अध्यक्ष कवि मनोज भावुक, समाजसेवी राकेश सिंह परमार, पत्रकार कुलदीप श्रीवास्तव, मुन्ना पाठक समेत सैकड़ों लोग उपस्थित रहे.

Loading

1 Comment

  1. amritanshuom

    वीर कुंवर सिंह के 155 वां विजयोत्सव पहिला बेर राष्ट्रपति भवन में मनावल गइल .बहुत – बहुत नीमन आ गर्व करे वाला बात बा. राष्ट्रपति प्रतिभा देवी सिंह पाटिल जी के बहुत -बहुत धन्यवाद साथ में कार्यकर्म करवावे वाला लोगन के भी .

    ओ.पी . अमृतांशु

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up