भोजपुरी समाज दिल्ली के बसंतोत्सव

by | Feb 4, 2012 | 0 comments

बसंत पंचमी के शुभ अवसर पर भोजपुरी समाज दिल्‍ली, शाखा: आई. एन. ए. कालोनी, नयी दिल्ली हर साल का तरह एहु साल 28 जनवरी 2012 क दिने आई एन ए कालोनी क सामुदायिक भवन में भव्य सरस्वती पूजन समारोह के आयोजन कइलसि.

दिनांक 28 जनवरी के मॉं सरस्‍वती के मूर्ति स्‍थापना के साथ शुरू आ दिनांक 29 जनवरी के यमुना में मूर्ति विसर्जन का साथे पूरा भइल एह उत्‍सव में भारतीय विमानपत्‍तन प्राधिकरण के क्षेत्रीय कार्यपालक निदेशक अनुज अग्रवाल सपरिवार उपस्थित भइलें. एह अवसर पर भोजपुरी समाज, दिल्ली के अध्यक्ष अजीतो दुबे ओहिजा अइलें आ समाज के हर वर्ग के लोगन के बसंत पंचमी के हार्दिक शुभकामना दिहलें. एह पूरा अवधि में पूजा-स्‍थल पर लगातार भजन-कीर्तन चलत रहे आ भजन-कीर्तन के स्‍वर से पूरी कालोनी गुंजायमान होत रहे. भारतीय विमानपत्‍तन प्राधिकरण में वरिष्‍ठ प्रबंधक के पद पर कार्यरत रंजना भूषण आ उनुका सहेलियन के प्रस्‍तुति भजन संध्‍या कार्यक्रम एह पूरे आयोजन में चार चांद लगा दिहलसि. एह अवसर पर भोजपुरी समाज दिल्ली के सदस्यन का साथे-साथ कालोनी के दोसरो निवासी बड़हन संख्या में शामिल भइलें.

भोजपुरी समाज दिल्‍ली, शाखा: आई एन ए कालोनी के महासचिव विनय कुमार सिंह ई जानकारी दिहलें कि भोजपुरी समाज दिल्‍ली, शाखा: आई. एन. ए. द्वारा मॉं सरस्‍वती पूजनोत्‍सव के अवसर पर आयोजित होखे वाले कार्यक्रमन के कड़ी में होखे वाला बौद्धिक अउर सांस्कृतिक कार्यक्रमन के तहत 5 फरवरी 2012 के दिने आई. एन. ए. कालोनी में बड़हन पैमाने पर निबंध लेखन, चित्र कला अउर एही तरह के अनेके प्रतियोगिता क़े आयोजन कइल जाई.

सरस्वती पूजन समारोह में भोजपुरी समाज दिल्‍ली, शाखा: आई. एन. ए. के महासचिव विनय कुमार सिंह आ पदाधिकारियन अउर सदस्य रामजीत शाह, मंगल सिंह, संजीव झा, विभूति झा, अरविन्द मेहता, देवांश मणि, राजेश कुमार, संतोष यादव, शेखर, बनारसी त्रिपाठी, अजय दुबे, शैलेश कुमार, श्‍याम ठाकुर, राम सुमेर यादव, के के प्रजापति, राजेश कुमार, मनीष कुमार, बबीता झा, हसिमुददीन, शमीम अहमद, गणेश ठाकुर आ देवकांत पाण्‍डेय वगैरह अपना अथक प्रयास से सफलता दिअवले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up