मारीशस के राष्ट्रपति इस्तीफा दिहले

by | Mar 31, 2012 | 0 comments

मारीशस के राष्ट्रपति अनिरुद्ध जगनॉथ शुक का दिने अपना पद से इस्तीफा देबे के घोषणा कइलन. अबहीं एह बारे में बेसी जानकारी नइखे मिलल बाकिर ८२ साल के अनिरूद्ध जगनॉथ के कहना बा कि ऊ अबहियो जवान बाड़न आ देश के सेवा खातिर तइयार. कहलन कि शनिचर पद पर उनुकर आखिरी दिन होखी. अपना इस्तीफा के घोषणा ऊ एह चलते कइल बुझात बाड़न कि ऊ फेर से सक्रिय राजनीति में आवल चाहत बाड़े. जवना समारोह में ऊ आपन इस्तीफा वाला बात कहलन तवना में प्रधानमंत्री डा॰ नवीन रामगुलाम मौजूद ना रहले. पूछला पर अनिरूद्ध जगनॉथ कहलन कि उनुका नइखे मालूम कि नवीन काहे ना अइलन. उनुको के बोलहटा भेजल रहुवे बाकिर मौजूदा माहौल में उनुका आवे के उमेदो ना रहुवे.

उनुका इस्तीफा के स्वागत करत मारीशस के सोशल डेमोक्रेट पार्टी के महासचिव मोहमद खुदाबख्श कहलन कि उनुका आशा बा कि राष्ट्रपति आपन फैसला ना बदलीहें आ साचहूं इस्तीफा दे दीहें. कहलन कि उनुकर पार्टी अनिरुद्ध जगनॉथ के मुकाबला करे के तइयार बिया आ ऊ जनता के देखाई कि सर अनिरुद्ध जगनॉथ कवन तरह के आदमी रहले.

एमएमएम सांसद स्टीव ओबीगदु एह घोषणा पर खुशी जतवले आ कहलन कि बहुते बढ़िया बा कि राष्ट्रपति अपना पद से इस्तीफा दे के विपक्ष के नेतृत्व सम्हरीहे. उनुका एह फैसला से साबित हो गइल कि लेबर पार्टी आ सोशल डेमोक्रेट पार्टी के गठबन्हन टूट गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up