हिन्दू हृदय सम्राट, मराठा गौरव आ शिवसेना प्रमुख बाला साहब ठाकरे के आजु शनिचर का दिने दुपहरिया ३ ३३ बजे निधन हो गइल. २३ जनवरी १९२६ के जनमल बाल ठाकरे अपना सगरी जिनिगी शेर लेखा जियले आ आजु उनुका बिना मुंबई, महाराष्ट्र, शिवसेना आ हिन्दुत्व समर्थकन का जिनिगी में एगो बड़हन सूनापन बन गइल बा.
चन्द्रसेनी कायस्थ परिवार में जनमल बाल ठाकरे बंबई से प्रकाशित होखे वाला फ्री प्रेस जर्नल से अपना कार्टूनिस्ट कैरियर के शुरुआत कइलन. बाद में उनुकर बनावल कार्टून टाइम्स आफ इंडियो में छपल करे. बाकिर साल १९६० मे बाल ठाकरे आपन खुद के कार्टून पत्रिका मार्मिक शुरु कइलन. एही पत्रिका के मार्फत बाल ठाकरे जवन आंदोलन शुरू कइलन तवना चलते बाद में बंबई के नाम बदल के मुंबई कर दिहल गइल. मराठा मराठियन खातिर के नारा ले के अपना राजनीतिक कैरियर के शुरुआत करे वाला बाल ठाकरे बाद में हिन्दुत्व के समग्रता सकार लिहलें बाकिर तबो महाराष्ट्र आ मुंबई में मराठा प्रभुत्व के उनकर आग्रह बरकरार रहल.
वंशवादी संस्था के सुभावे का हिसाब से उनुको शिवसेना में बेटा भतीजा का बीच विवाद बढ़ चलल त बेटा उद्धव ला उनकर पूर्वग्रह राज ठाकरे से बर्दाश्त ना भइल आ ऊ शिवसेना छोड़ के आपन अलगे सेना बना लिहलन महाराष्ट्र नवनिर्माण सेना. मनसे के आंदोलन कई बेर भोजपुरियन का खिलाफ चलल आ बहुते भोजपुरियन का मन में राज ठाकरे के प्रति दुर्भावना बन गइल. हालांकि बाद का दिन में जब उद्धव ठाकरे के तबियत खराब भइल आ उनुकर एंजिओप्लास्टी करे पड़ल त राज ठाकरे फेर परिवार के नजदीक आवत लउकन.
पिछला दिने जब बाल ठाकरे के तबियत बहुते खराब हो गइल त उनुकर इलाज घरही राख के जीवन रक्षक उपकरण का सहारे चलावे बचावे के कोशिश कइल गइल बाकिर अंततोगत्वा ऊ आपन नश्चर शरीर छोड़ के अनंत में प्रस्थान कर गइलें.
उनकर अंतिम संस्कार काल्हु अतवार का दिने कइल जाई. मुंबई त आजुवे से थथम गइल बा आ काल्हु शिवाजी पार्क में अथाह जनसमुद्र उमड़े वाला बा. बाल ठाकरे का निधन पर हार्दिक श्रद्धांजलि देत शिवसैनिक से सहानुभूति जतावत बस अतने कामना बा कि सब कुछ शान्ति से निबट जाव.
0 Comments