PM Manmohan Singh will address a meeting at Narpatganj, while Sonia Gandhi will be addressing a meet at Katihar. Leaders from all the parties are busy campaigning for their candidates. Nitish is asking second term for him as he has established a rule of law in Bihar after a jangal raj of 15 years. Congress is claiming that it will be the deciding factor in government formation.
प्रधानमंत्री के चुनाव सभा आजु कटिहार में
बिहार विधानसभा चुनाव का सिलसिला में मनमोहन सिंह आजु नरपतगंज में चुनावी सभा के संबोधित करे वाला बाड़न. किशनगंज में सोनिया गाँधी के चुनाव सभा होखे वाला बा जवना खातिर कांग्रेस का मनलायक जगह के अनुमति प्रशासन नइखे दिहले. जेडीएस के नेता एच डी देवगौडा जयनगर,बाबू बरही, फुलपरास आ लौकहा में चुनावी सभा संबोधित करीहें.
अपना चुनाव सभा में नीतीश कुमार जनता से दुबारा जनादेश माँगत बाड़े. उनकर दावा बा कि पन्द्रह साल के लालू राबड़ी जंगल राज का बाद बिहार में सुशासन के स्थापना भइल बा. कांग्रेस नेता अखिलेश सिंह आ राशिद अल्वी के दावा बा कि बिहार के अगिला सरकार कांग्रेस का बिना ना बनि पाई. सुशील मोदी के दावा बा कि नीतीश सरकार का कार्यकाल में पाँच लाख लोग के रोजगार मिलल बा.