सिनेमा भोजपुरी के हॉट केक अंजना सिंह खाति जश्ने आजादी के ६६ वां सालगिरह दू गो ख़ुशी लेके आइल. पंद्रह अगस्त के अंजना के दू गो फिलिम रिलीज भइली सँ आ दुनु सफलता के राहे बढ़ल जात बाड़ी सँ.
एह फिलिमन में “एक बिहारी सौ पे भारी” बिहार में रिलीज़ भइल जवना में अंजना सिहं पहिला हाली बड़का अभिनेता दिनेश लाल यादव निरहुआ संगे परदा पर नजर आइल बाड़ी. एहमें अक्षरा सिंह, अवधेश मिश्रा, आ संजयो पाण्डेय वगैरह के बड़हन भूमिका बा. जगदीश शर्मा निर्देशित एह फिलिम के बिहार में निकहा सफलता मिलल बा.
एही दिन मुंबई में रिलीज़ भइल अंजना सिंह के फिल्म “दिल ले गइल ओढनिया वाली” जवना में उनुका सोझा बाड़ें खेसारी लाल यादव. बाकी खास कलाकारन में शशिमोहन सिंह, प्रिया पाण्डे, रजनीश झांजी, जय सिंह आ बालेश्वर सिंह वगैरह शामिल बाड़ें. ई फिलिम बिहार में पहिलहीं दर्शकन के दिल जीत चुकल बिया आ अब मुंबईओ में एकरा जबरदस्त ओपनिंग मिलल बा. अरविन्द चौबे निर्देशित आ फिल्म वितरण कंपनी बाला जी सिने विजन निर्मित एह फिल्म के देखे ला भारी उमड़ल. फिल्म प्रोमोट करे आइल अंजना सिंह के अपना सोझा देख के दर्शक उनकर जोरदार स्वागत कइलें.
अपना एह डबल सफलता से उत्साहित अंजना सिंह एकरा के दर्शकन के प्यार बतवले बाड़ी आ कहली कि – दर्शकन के जवन प्यार उनुका मिलल बा ऊ एगो सपना जइसन बा. ख़ुशी जतावत कहली कि दर्शक आ फिल्म इंडस्ट्री उनुका के सकार लिहलसि एहला ऊ हमेशा सभकर एहसानमंद रहीहें.
(उदय भगत आ अपना न्यूज के रपट से)
0 Comments