अनारा तांडव करे चलली

by | May 29, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के चर्चित अदाकारा अनारा गुप्ता अपना नया लुक आ अंदाज़ में एक बेर फेर से भोजपुरिया परदा पर तांडव करे आइल बाड़ी. एकर कुछ महीना ले परदा से दूर रहि के अपना परिवार संगे समय बितवला का बाद अनारा फिल्म ‘अंतिम तांडव’ के शूटिंग बिहार के झंझारपुर में शुरू कर दिहले बाड़ी. झंझारपुर जात घरी पटना में पत्रकारन से कहली कि “अंतिम तांडव” में उनुकर रोल एगो बिंदास आ मुहफट लड़िकी के बा. फिल्म में उनुकर साथ दिहले बाड़न शुभम तिवारी, निर्देशन करत बाड़न योगी.

एहसे पहिले अनारा गुप्ता आखिरी बेर महुआ टीवी के शो ‘नाच नचैया धूम मचैया’ में लउकल रही जहवाँ ऊ अपना नृत्य कौशल से टॉप थ्री में जगह बनवले रही आ गणेश आचार्य, सुधा चंद्रन आ कानू मुखर्जी जइसन धुरंधरन के आशीर्वादो पवले रही.

एह बीच अनारा आपन लुक एकदम बदल लिहले बाड़ी आ नया जोश का साथ बिहार के तपत गरमी में भीषण गर्मी में ‘तांडव’ करे निकलल बाड़ी. एह चरचा से भोजपुरी फिल्म जगत के गरमी बढ़ गइल बा.


(अपना न्यूज के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up