सिनेमा भोजपुरी के नंबर वन खलनायक संजय पांडे अपना शूटिंग खातिर अबले उत्तर प्रदेश, बिहार, गुजरात, मुंबई, मध्य प्रदेश समेत पूरा देश धांग चुकल बाड़े. अब बारी बा उनुका अरब जायेके. ना, ना. रउरा ना समुझनी. संजय पांडे निर्माता अजीत श्रीवास्तव के फिल्म ‘सईंया अरब गईले ना’ साईन कइले बाड़न आ उहो बतौर मुख्य खलनायक. एकरे बाति कहत रहीं.
फिल्म ‘सईंया अरब गईले ना’ के निर्देशक यशवंत सिंह ‘यश’ हउवन. त्रिलोक चित्र मंदिर के बैनर तले बनत एह फिल्म में अपना भूमिका से संजय पांडे बहुते उछाह में बाड़न. पिछला दिने जब एकर मुहुर्त धूमधाम से मुंबई के गोरेगांव पश्चिम के प्लेटिनम स्टूडियो में कइल गइल त तमाम दिग्गजन के जमावड़ा लागल रहे.
(शशिकांत सिंह के रपट से)
249 total views, 2 views today