उभरत कलाकार शैलेश सिन्हा

by | Jul 10, 2014 | 0 comments

ShaileshSinha
वाराणसी, उत्तर प्रदेश से आइल शैलेश सिन्हा दिल्ली में पलइले-बढले-पढ़ले. दिल्लीए में कई मीडिया हाउसन में सात आठ साल काम कइले आ कुछेक टीवी शोज में नजर आ चुकल बाडन. साल 07-08 में भइल एगो कार रेसो में प्रतियोगिता में अव्वल आइल रहले. अनेके अवार्डो जीत चुकल बाड़न शैलेश सिन्हा.

एगो इंटरनेशनल अवार्ड फंक्शन का दौरान अभय सिन्हा अपना भोजपुरी फिलिम ‘प्यार झुकता नहीं’ खातिर शैलेश के कास्ट कइलन. इनकर नायिका रहली अक्षरा सिंह. एह फिलिम में खेसारी लाल यादव आ स्मृति सिन्हा के मुख्य जोड़ी रहल आ ई फिलिम साल 2013 के सुपरहिट फिलिमन में शामिल रहल.

हालही में शैलेश ‘औरत एक खिलौना नहीं’ फिलिम के शूटिंग पूरा कइले ह. एहमें मनोज तिवारी, रिंकू घोष, अउर मोहिनी घोष साथे बा लोग. ई फिलिम जल्दिए रिलीज़ होखी. एकरा अलावे दू तीन गो अउरिओ फिलिम के शूटिंग शुरू होखे वाला बा.

शैलेश सिन्हा के कहना बा कि ‘मनोज तिवारी आ दिनेश लाल यादव उनकर प्रेरणा ह लोग आ एह दुनू जने के अदाकारी से हमेशा कुछ ना कुछ सीखत रहेलें. शाहरुख खान के बड़का फैन हईं आ शाहरुख से हमार कई एक आदत मिलत जुलत बावे. हम हमेशा कोशिश करब कि इनके तरह बनी कि हमरो चाहे वाला होखसु.’


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up