कलाकार ला भाषा दीवाल ना होले – पाखी हेगडे़

सिनेमा भोजपुरी के माथ अदाकारा आ देखवईयन के पसंदीदा हई पाखी हेगड़े. सिनेमा भोजपुरी में उनुकर जलवा माथे चढ़ के नाचत बा. सिनेमा भोजपुरी में पाखी अकेला अदाकारा हई जे पिछला छह साल से लगातार भोजपुरिया दर्शकन के दिल के रानी बन के बइठल बाड़ी. “बैरी पिया” .से भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में दस्तक देबे वाली पाखी हेगड़े के हालिया प्रदर्शित फिल्म ‘रिक्शावाला आई लव यू’ धूम मचावत बिया. पाखी आजुकाल्हु मराठीओ सिनेमा में व्यस्त हो गइल बाड़ी. पिछला दिने पाखी से भइल बातचीत के कुछ हिस्सा –

पाखी आपके हालिया रिलीज फिलिम ‘रिक्शावाला आई लव यू’ एह घरी धूम मचवले बिया, का कहब?
‘रिक्शावाला आई लव यू’ पूरा बिहार आ यू. पी. में ऐतिहासिक बिजनेस करत बिया आ एकरा देखवईयन के भरपूर प्यार मिलत बा. फिलिम में हमार कामो लोग के नीमन लागत बा. दिनेश जी आ हमार जोड़ी बॉक्स ऑफिस पर सफलता के गारंटी ह, ई बात एह फिलिम से एक हाली फेरू साबित हो गइल बा. एह फिलिम के सफलता ला निर्माता बिटटू सरदार, निर्देशक अजय श्रीवास्तव आ देखे वालन के हम तहे दिल से आभारी बानी.

मशहूर मराठी निर्देशक राजू परशेकर के मराठी फिलिम ‘बातमी’ ओ में त आप काम करत बानी?
हँ, राजू परशेकर जी के मराठी फिल्म ‘बातमी’ में हमार किरदार केन्द्र में बा. ई एगो घरेलू महिला के भूमिका ह जवना के झूठ आरोपन में फंसा के ओकर शोषण कइल जात बा. एकर निर्माण साई सागर फिल्म्स के बैनर में शंकर मितकारी, प्रीतम गुप्ता आ राम गुगले करत बाड़े. हमारा साथे एह फिलिम में मराठी परदा के दिग्गज महेश मांजरेकर, भरत जाधव आ सयाजी शिंदे अभिनय करत बाड़े. हाल ही में कोल्हापुर में एकर पूरा शूटिंग कइल गइल.

आपके नारी प्रधान भोजपुरी फिलिम ‘हंटरवाली’ ओ के बहुते चरचा बा?
‘हंटरवाली’ में हम अपराधियन के नाश करे वाला शहंशाह के अमिताभ बच्चन जइसन भूमिका में बानी. एहमें दर्शक पहिला हाली हमरा के खतरनाक एक्शन आ घुड़सवारी करत देखीहें. निर्माता मुन्ना रिजवी जी आ निर्देशक कमर जी कमाल के फिलिम बनवले बानी. ‘हंटरवाली’ फिलिम ‘दाग’, ‘मै नागिन तू नगीना’ जइसने सुपरहिट होई.

अबहीं कवन फिलिम करत बानी?
अबही गीतकार से निर्माता बनल विनय बिहारी जी के रोमांटिक लव स्टोरी वाली फिलिम ‘प्यार मोहब्बत जिन्दाबाद’ के शूटिंग कुल्लू मनाली के मनोरम लोकेशन पर करत बानी. एह फिलिम में हमार नायक पवन सिंह बाड़े.

आपके बहुचर्चित फिल्म ‘वुमेन फ्रॉम द ईस्ट’ कब प्रदर्शित होखी?
‘वूमेन फ्रॉम द ईस्ट’ सैफ (कनाड़ा) समेत अनेके अंतराष्ट्रीय समारोहन में सराहल जात बिया आ अगिला साल विश्व महिला दिवस पर भारत में रिलीज होखी. एह फिलिम के पंजाबी में ‘कुदेसन’ आ भोजुपरी में ‘बेटी बेचवा’ नाम से रिलीज कइल जाई.

आपके इवेंट कंपनी का करत बिया?
जल्दिए दुबई में स्टाईल अवार्डस आयोजित करत बिया कंपनी जवना में बॉलीवुड आ फैशन इंडस्ट्री के लोग शामिल होखी.

आप कर्नाटक के हईं बाकिर कई एक भाषा के फिलिम करत बानी?
जी. कलाकार ला भाषा कवनो दीवाल ना होले. हम हिन्दी धारावाहिक से शुरू करत भोजपुरी, तुली, मराठी फिलिम करत बानी आ जल्दिए पंजाबी, बंगला आ गुजरातीओ फिलिम में नजर आएब. तूलू फिल्म ‘बंगाल द कोरल’ त 75 वाँ दिन मना चुकल बिया.

सुनत बानी जे गुडडू धनोवा रउरा के साईन कइले बाड़न?
जी. हम गुडडू धनोवा जी के मराठी फिलिम करत बानी जवना के शूटिंग एही महीना शुरू होखी. एहमें हमार नायक बाड़न सचिन खेडेकर. एह फिलिम में बार गर्ल्स के समस्या उठावल गइल बा.


(प्रशांत निशांत)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up