माथ अदाकारा पाखी हेगड़े क जलवा भोजपुरी सिनेमा में बदस्तूर कायम बा. पाखी के पहिलका फिलिम ‘निरहुआ रिक्शावाला’ से लगाइत उनकर हालिया रिलीज फिलिम ‘निरहुआ रिक्शावाला आई लव यू’ तक कायम बा. अब ले पाखी सुपरस्टार निरहुआ संगे कईसे कहीं तोहरा से प्यार हो गईल, निरहुआ चलल ससुराल, विधाता, दिवाना, दाग, खिलाड़ी न॰ 1, परिवार, शिवा, सात सहेलियाँ आ आज के करण अर्जून जइसन अनेके ब्लाकबस्टर फिलिम दिहले बाड़ी.

पाखी रवि किशन, पवन सिंह, आ मनोजो तिवारी संगे अनेके सुपरहिट फिलिम दिहले बाड़ी. हर तरह के भुमिका जियतार कर देबे वाली पाखी दर्शकन पर आपन खास छाप छोड़ले बाड़ी. फिलिम चाहे रोमांटिक होखे, मसाला भा पारिवारिक होखे दर्शक पाखी के हमेशा पसंद कइले बाड़न. हालिया रिलीज ‘रिक्शावाला आई लव यू’ फिलिमो में उनका अभिनय के बहुते तारीफ होखत बा. जानलीं कि पाखी के ई फिलिम पूरा बिहार आ यू.पी. में रिकॉर्ड कलेक्शन बिटोरत बिया.


(प्रशांत-निशांत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: