निर्माता सुभाष पासी के सुपर हिट फिल्म “मुन्ना बजरंगी” से भोजपुरी सिनेमा में धमाकेदार एंट्री करके अनिल यादव खलनायकी का दुनिया में आपन अलगा पहिचान बना लिहलन. उनुकर कइल डाकू बबुआ के किरदार दर्शकन के शोले के गब्बर सिंह के इयाद करा दिहलसि आ आजुओ लोग भुला नइखे पवले ऊ किरदार. अनिल यादव भोजपुरी सिने जगत में छा गइल बाड़े आ कई एक फिलिमन के शूटिंग में व्यस्त बाड़े. कई गो फिलिम बन के प्रदर्शन के तइयारी में बावे.

निर्माता बाला भाई आ निर्देशक रमाकांत प्रसाद के हालिया रिलीज फिल्म “खून पसीना” में ठाकुर धरम सिंह नाम के खलनायक के भूमिका दर्शकन के बहुते पसंद आवत बा. एकरा अलावे फ़रवरीए में पवन सिंह अभिनीत, निर्माता मनोज चौधरी आ निर्देशक रवि भूषण के फिल्म ” डकैत” में ठाकुर बलदेव सिंह के कहर देख के दर्शक कँपकँपा जइहे. फेर मार्च में रिलीज होखी निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद के फिल्म “जानवर” आ निर्माता हरीश जायसवाल के फिल्म “कजरा मोहब्बत वाला” अप्रैल का पहिला हफ्ता में रिलीज होखी. एह में दू गो ठाकुर खानदान के आपसी भिडंत होखी. पहिला बेर दू गो खलनायक, कुणाल सिंह आ अनिल यादव, के आमना- सामना दर्शकन का दिल पर आपन अमिट छाप छोड़ जाई.

अतने ना निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद के “जानवर” का बाद अप्रैल में एगो अबही ले अनाम फिलिम के शूटिंग करीहें अनिल यादव. अनिल के मृदु व्यवहारे ह कि हर निर्माता निर्देशक उनुका के दुबारा अपना फिलिमन में रिपीट करेला. एकरा अलावा एगो बड़ खबर ई बा कि रंगबाज़ फिल्म से चरचा में आइल हैदर काज़मी के प्रोडक्शन हाउस ए.एस.सी. डिजिटल प्रा० लि० के अगिला फिलिम “कालिया” में धमाका करीहें अनिल यादव. एकर शूटिंग एही महीना से जहानाबाद (बिहार) जिला में हैदर काज़मी के गाँव में होखी. निर्देशन करीहें शिवराम यादव आ मुख्य भूमिका में रहीहें हैदर काज़मी आ अक्षरा सिंह.


(अपना न्यूज के रपट)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: