साल २०१० भोजपुरी अभिनेत्री पाखी हेगडे खातिर एहसे खास रहल कि पिछलो साल ऊ लोकप्रियता में नंबर वन पर बनल रहली आ ई क्रम पिछला चार साल से चल रहल बा. एह साल रिलीज उनकर सगरी फिल्म बाक्स आफिस पर सफल रहली सँ. ओह पर सोना पर सुहागा वाली बाति ई भइल कि अब तक के सबले बड़का सर्वेक्षण का बाद आईसीएमआर आ दि सण्डेय इण्डियन पाखी हेगडे के सबले बढ़िया अभिनेत्री घोषित कइलसि. एह साल भोजपुरी के हर सुपर स्टार का साथे उनकर फिल्म आइल आ उनकर जोड़ी सभका साथे दर्शकन के पसन्द आइल. अभिनय का क्षेत्र में ऊ हर तरह के किरदार कर देखवली चाहे ऊ कवनो कालेजिया लड़की के होखो भा धीर गंभीर बियाहल महिला के. उनकर फिल्म “दाग” साल २०१० के सबले बड़का हिट फिल्म रहल. “सात सहेलियाँ” बिहार यूपी के बहुते सिनेमाघरन में पचासवाँ दिन के जश्न मनवलसि. पाखी एह साल एगो हिन्दिओ फिल्म मे काम कइली जवन अगिला साल दर्शकन का सोझा आई.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)