लीक से हटि के फिल्म बनाने में यकीन राखे वाला निर्माता जे.पी. सिंह अपना फिलिमन ‘गईल भईंसिया पानी में’ आ ‘पायल’ से सफलता के नया रेकार्ड बनवले रहले. उनुकर तिसरकी फिलिम ‘बजरंग’ प्रदर्शन खातिर तइयार बा. अब जे.पी.सिंह अपना नया फिल्म ‘क्षत्रिय’ के घोषणा कइले बाड़न जवन पूरा तरह से मल्टी स्टारर फिल्म होखी.

गुरुजी फिल्म्स इंटरनेशनल के बैनर तले बनेवाली “क्षत्रिय” अगिला महीना सेट पर जाई. बतावे लायक बा कि निर्माता जे.पी. सिंह के फिल्म ‘बजरंग’ में भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह आ अक्षरा सिंह के अलावे संजय पांडे, जय सिंह, उमेश सिंह, रमेश दुबे, सीमा सिंह, वैभव राय आ मास्टर वरुण सिंह के मुख्य भूमिका बा. निर्देशक हउवें नंद किशोर महतो. उत्तर प्रदेश आ बिहार के असली लोकेशन पर फिल्मावल एह फिलिम ‘बजरंग’ में एक्शन, रोमांस आ कॉमेडी के जोरदार मसाला बा. फिलिम बनावे में कवनो कोताही नइखे कइल गइल.


( शशिकान्त सिंह के रपट से)

Loading

One thought on “‘बजरंग’ के बाद जे.पी. सिंह ले अइहें ‘क्षत्रिय’”
  1. i have good stories, including dialogs, speech…..
    comedy, romantic ,aaj ke dunia ke layak story hai……
    koi mujhe btaye ki khani kise dikhana hai…aur mai kaise aage bdhu….
    koi bhi director aur producer niras nhi hoga ….mera story dekhne ke bad….
    my email id: raj.raj92120@gmail.com
    my numbr = 8968971125

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d