सिनेमा भोजपुरी के जानल मानल खलनायक बिपिन सिंह जल्दिए बिहार में नजर अइहें जहाँ ऊ अपना भोजपुरी फिलिमन के शूटिंग में शामिल होखीहें. बिपिन सिंह के उनका दमदार आ मजगर अभिनय ला जानल जाला जे अपना किरदारे ना ओकरा से जुड़ल दायित्वो के परदा पर जियतार कर देला.
एही चलते भोजपुरिया दर्शक बिपिन के बतौर खलनायक देखल चाहेलें. बिपिन सिंह जवना फिलिमन के शूटिंग ला बिहार जइहें ओहनी के नाम बा “प्यार मोहब्बत जिन्दाबाद”, “इ कईसन बिदाई”, “बेनाम बादशाह”, आ “संघर्ष”.
(भोजवुड न्यूज)
0 Comments