भोजपुरी क पहिलका फैन्टैसी फिल्म ‘नन्दू निकम्मा’

by | Jul 14, 2012 | 0 comments

अनिता देवी, जी.जी.एम. पिक्चर्स अउर जी.जे. फिल्मस् इंटरनेशनल प्रस्तुति आ आर.जी. प्रोडक्शन के बैनर तले बनल भोजपुरी के पहिलका फैन्टैसी फिल्म ‘नन्दू निकम्मा’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा.

एह कहानी में एगो मछुआरा परिवार के एकलौता बेटा नन्दू बा जे एकदमे निकम्मा बा. संजोग से गाँव के मास्टर के बेटी राधा ओकरा से प्यार करे लागत बिया बाकिर ओकरा बुझात नइखे कि ऊ एह निकम्मा से काहे प्यार कर बइठल. एक दिन दुनु के बाप एह ‘प्यार’ के रंगे हाथ पकड़ लेत बाड़ें. एकरा बाद राधा के ओकरा चाचा किहाँ आगे के पढ़ाई ला भेज दिहल जाता. दोसरा तरफ नन्दू के बाप ओकरा से आजीज आके घर से निकाल देता. भूखे भटकत नन्दू के भेंट यमराज से होखत बा आ एगो अजीबोगरीब वरदान पाके नन्दू शहर के मशहूर डॉक्टर बन जा ता. राधा शहर में रिपोर्टर बन के आवत बाड़ी. ओह चैनल के मालिक मुकुन्दराय राधा के डॉ॰ नन्दकिशोर के इन्टरव्यू लेबे भेजत बाड़ें. अब एहिजा दुनु के प्यार मिल जात बा. ओने मुकुन्दराय चैनल के एगो दोसरा रिपोर्टर सलोनी से प्यार के खेल चले लागत बा. एने मिलल वरदान वापस ले लिहल जात बा आ डॉ॰ नन्दकिशोर फेर उहे नन्दूआ बन जाता. ओकर कम्पाउन्डरे ओकर सगरी दौलत ले के भाग जात बा. राधा आ नन्द किशोर के रिश्ता टूट जाता. मुकुन्द राय फेर राधा के सहायता करे लागत बाड़ें जवना से सलोनी राधा से जरे लागत बिया. फेर का होत बा ई सब जाने खातिर त फिलिम देखे के पड़ी.

निर्माता प्रकाश रंजन राकेश गुप्ता, कथा-पटकथा आ निर्देशक ब्रज भूषण, सह निर्माता बी0 प्रसाद बाड़ें. मुख्य कलाकारन में तुलो बिरेन्द्र, प्रतिभा पाण्डेय, राकेश गुप्ता, रितिका सिंह, उत्तम झा, अरूण सिंह, सुबन्ती बनर्जी, रूपा सिंह, पिंकू श्रीवास्तव, अरूणा सिंह, डॉल्फिन दूबे वगैरह के नाम शामिल बा.


(रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up