• नाचऽ गावऽ मजा करऽ के बारहो गाना के रिकार्डिंग म्हाडा के पंचम स्टूडियो में हो गइल. संगीतकार राज सेन. गायक गायिका आलोक कुमार, मोहन राठौर, कल्पना, इन्दु सोनाली. डालिया, आ, अनुराधा सिंह. गीतकार सुबोध गाँधी आ रुस्तम घायल.
  • त्रिनेत्र के सेंसर से “ए” प्रमाण पत्र मिलल बा. सेंसर बोर्ड फिल्म में कवनो कतरब्योंत नइखे कइले. एह फिल्म के निर्माता हई प्रतिमा डी मिश्रा आ निर्देशक शाद कुमार. फिल्म में सीमा सिंह के धाँसू आयटम नम्बर आ विनय आनन्द पंकज केसरी के एक्शन सीन.
  • २६ अप्रैल के मुंबई के फिल्म लैब से गोरिया के गोरे गोरे गाल के पहिला कापी बाहर आ गइल. एस एस ललित के लिखल कहानी आ उनुके निर्देशन में ई फिल्म रवि शंकर तिवारी बनवले बाड़न. मुख्य कलाकारन में उत्तम कुमार, लवी रोहतगी, रवि शंकर तिवारी आ रितू पाण्डेय के नाम बा.
  • जयप्रकाश यादव के बनावल आ मनोज सिंह तोमर के निर्देशित फिल्म तोहरे बिना भी का जीना के मिक्सिंग २ मई से सुपरट्रैक स्टूडियो में शुरु होखे जा रहल बा.
  • पंकज केसरी आ ऋतिका शर्मा अभिनित फिल्म आग के डबिंग के काम चल रहल बा.
  • बागी के संपादन के काम पूरा हो गइल. संपादन मंसूर आजमी कइले. ए आर एस सरकार के बनावल एह फिल्म के निर्देशनो उहे कइले बाड़न. मुख्य कलाकार अजय दीक्षित, रानू पाण्डेय, विजय खरे आ सीमा सिंह.
  • शिव बम पिक्चर्स के पहिला भोजपुरी फिल्म ससुरो कभो दामाद हारल के शूटिंग लखनऊ में पूरा हो चुकल बा. फिल्म के खास कलाकार बाड़े गुड्डू रंगीला, शक्ति कपूर, संगीता तिवारी, पूनम सागर, सीमा सिंह, आनन्द मोहन.
  • श्री राघवेन्द्र इन्टरटेनमेंट के भोजपुरी फिल्म प्यार जिन्दाबाद सेंसर बोर्ड में गइल बा. फिल्म मई में रिलीज होखे जा रहल बा. पंकज केसरी आ सेजल शर्मा एकर मुख्य कलाकार बाड़े.
  • करेंट मारे गोरिया के सफल तिसरका हफ्ता बिहार में बम्पर बिजनेस का साथ.
  • बृजेश्वरी फिल्म के पहिला भोजपुरी फिल्म फौलाद के शूटिंग पनवेल का सुर्वे फार्म हाउस में पूरा हो चुकल बा. निर्माता रजनीश गुप्ता आ निर्देशक फिरोज खान के एह फिल्म में रवि किशन, सुशील सिंह, अवधेश मिश्रा, आ नवोदित अभिनेत्री अंजना सिंह मुख्य कलाकार बाड़ी.
  • सुगना के दुसरका चरण के शूटिंग पूरा हो गइल. नवोदित अभिनेता आदित्य ओझा, काजल, राजीव दिनकर आ कल्पना शाह एकर मुख्य कलाकार बाड़े. हालही में एह फिल्म खातिर राजीव दिनकर के हाई वोल्टेज एक्शन आ सीमा सिंह के दोसरका आयटम नम्बर के शूटिंग भइल.
  • प्रीतिराज फिल्म इन्टरटेनमेंट के फिल्म चालबाज चुलबुल पाण्डे के शूटिंग २२ मई से पटना में होखे जा रहल बा. निर्माता जगदीश सिंह, निर्देशक टी बॉबी सिंह.
  • निर्देशक से अभिनेता बनल बॉबी सिंह के अनुश्री मीडिया अपना भोजपुरी फिल्म परम्परा खातिर बतौर मुख्य अभिनेता साइन कइले बा.
  • केहू हमसे जीत ना पाई के डबिंग शुरु हो गइल बा. डा॰वजाहत करीम आ सुरहिता करीम निर्मित आ एम आई राज निर्देशित एह फिल्म में रविकिशन, रिंकू घोष, सुशील सिंह, मनोज टाइगर, राजीव दिनकर वगैरह मुख्य कलाकार बाड़े.
  • यादव पान भण्डार खातिर मनोज तिवारी आ संजय पांडेय का बीच एगो हाई वोल्टेज सीन के शूटिंग करावल गइल. निर्माता पायल दूबे के एह फिल्म के निर्देशन अजय कुमार करत बाड़न. एकर आखिरी शूटिंग शेड्यूल पनवेल में पूरा होखे का करीब बा.
  • भोजपुरिया डॉन मुंबई में आपन शानदार तिसरका हफ्ता में एकइसो सिनेमा घर में. मुख्य अभिनेता मनोज तिवारी, मोनालिसा, उर्वशी चौधरी वगैरह.
  • विनय आनन्द अभिनीत फिल्म दामाद चाहीं फोकट में के शूटिंग लगभग पूरा हो चुकल बा. निर्माता जय विजय सिंह आ अरुणेश. निर्देशक बाल किशन सिंह.
  • हैदर काजमी आ रानी चटर्जी अभिनित फिल्म रंगबाज के डबिंग के काम पूरा हो गइल बा.
  • रिंकू घोष अभिनीत सईंया ड्राइवर बीबी खलासी में रिंकू घोष वाला हिस्सा के शूटिंग पूरा होखे जा रहल बा. अबहीं बाकी कलाकारन के नाम फाइनल नइखे.
  • तिसरका हफ्ता में चलत बा पवन सिंह, आरती पुरी आ कृशा खण्डेलवाल के लागल नथुनिया के धक्का.
  • बजरंग के संपादन शुरु हो गइल बा. निर्देशक नंद किशोर महतो. पवन सिहं, अक्षरा सिंह, संजय पाण्डेय वगैरह मुख्य कलाकार.
  • कबो आवे ना जुदाई एह हफ्ता बिहार में रिलीज हो रहल बा.

(स्रोत – मुंबई से शशिकान्त सिंह आ समरजीत सिंह)

Loading

By Editor

One thought on “भोजपुरी फिल्म इण्डस्ट्री न्यूज : एक नजर में”

Comments are closed.

%d bloggers like this: